Bihar Election 2025 : बीजेपी जारी कइलस 71 उम्मीदवारन के पहिला लिस्ट, दानापुर से लड़िहें रामकृपाल यादव

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के लेके भारतीय जनता पार्टी पहिला लिस्ट जारी कs देलस। बीजेपी 71 प्रत्याशियन के लिस्ट (BJP Candidates List) सार्वजनिक कइले बिया। जादेतर वर्तमान विधायक के टिकट मिलल बा। सम्राट चौधरी

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के लेके भारतीय जनता पार्टी पहिला लिस्ट जारी कs देलस। बीजेपी 71 प्रत्याशियन के लिस्ट (BJP Candidates List) सार्वजनिक कइले बिया। जादेतर वर्तमान विधायक के टिकट मिलल बा।

सम्राट चौधरी तारापुर से चुनाव लड़िहें। सिवान से मंगल पांडेय चुनाव लड़िहें। दानापुर से रामकृपाल यादव के टिकट मिलल बा। बीजेपी आरा से संजय सिंह, परिहार से गायत्री देवी के टिकट देले बिया।

बीजेपी बेतिया से रेणु देवी, जमुई से श्रेयसी सिंह के टिकट देले बिया। ओहिजा, रक्सौल से प्रमोद कुमार चुनावी मैदान में नजर अइहें। सीतामढ़ी से सुनील कुमार पिंटू के टिकट मिलल बा। लखीसराय से विजय कुमार सिन्हा के टिकट मिलल बा।

रीगा से बैद्यनाथ, मधुबन से राणा रंधीर, बथनाह से अनिल कुमार मैदान में होई लोग। बेनीपट्टी से विनोद नारायण झा आ अरवल से मनोज शर्मा ताल ठोकी लोग। राजनगर से सुजीत पासवान, ढाका से पवन जायसवाल, नरपतगंज से देवंती यादव के टिकट मिलल बा।

बीजेपी प्राणपुर से निशा सिंह, झंझारपुर से नीतीश मिश्रा, कटिहार से तार किशोर प्रसाद पs भरोसा जतवले बिया। पिपरा से श्याम बाबू, सिकटी से विजय कुमार शंकर, दरभंगा से संजय सरावगी के टिकट मिलल बा।

पटना साहिब से रत्नेश कुशवाहा, औराई से रमा निशाद, साहेबगंज से राजकुमार के उम्मीदवार बनावल गइल बा। फारबिसगंज से विद्यासागर, किशनगंज से स्वीटी सिंह के टिकट मिलल बा। दरौंदा से कर्णजीत सिंह, लालगंज से संजय कुमार सिंह के टिकट मिलल बा। मोतिहारी से प्रमोद कुमार, सहरसा से आलोक रंजन के टिकट मिलल बा।

Read Also: IND vs WI 2nd Test : 5वां दिन टीम इंडिया वेस्टइंडीज के कइलस सूपड़ा साफ; गंभीर के मिलल परफेक्ट बर्थडे गिफ्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.