Dev Deepawali 2025 : 25 लाख दीया के रोशनी से चमकी काशी, गंगा किनारे होई आतिशबाजी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 5, 2025

वाराणसी। काशी नगरी आज फेर दिव्यता आ भक्ति के रंग में रंगा गइल बा। देव दीपावली के मौका पs अर्धचंद्राकार घाट, कुंड आ तालाब 25 लाख दीया के रोशनी से जगमगा उठे वाला बा। 84

Share

Dev Deepawali 2025 in Varanasi: 25 lakh diyas illuminating 84 ghats with grand Ganga aarti and green fireworks creating a mesmerizing view

वाराणसी। काशी नगरी आज फेर दिव्यता आ भक्ति के रंग में रंगा गइल बा। देव दीपावली के मौका पs अर्धचंद्राकार घाट, कुंड आ तालाब 25 लाख दीया के रोशनी से जगमगा उठे वाला बा। 84 घाट, 96 कुंड आ तालाब पs दीया के कतारन से सजल रही। अस्सी घाट से नमो घाट तक आयोजन के धूम मचल बा। कहीं लेजर शो, कहीं आतिशबाजी, तs कहीं रंगोली मन के मोह लेहे वाला बा।

सांझ के 5:15 से 5:50 बजे तक सब घाट पs दीप प्रज्ज्वलन से देव दीपावली के सुभारंभ होई। ओकरा बाद नमो घाट, दशाश्वमेध घाट, शीतला घाट आ अस्सी घाट पs खास गंगा आरती होई, जवन 6 बजे से 6:50 बजे तक चली। चेत सिंह घाट पs तीन बेर लेजर शो के मजा लोग उठाई- पहिला शो 6:15 से 6:45, दूसरका 7:15 से 7:45 आ तिसरका शो 8:15 से 8:45 बजे तक चली।

ललिता घाट के सोझा गंगा के रेती पs रात 8 बजे से आतिशबाजी होई, जवन पूरा काशी के आसमान रोशन कs दिही। शहर में साफ-सफाई, सुरक्षा आ ट्रैफिक के पुख्ता इंतजाम भइल बा ताकि कवनो श्रद्धालु के परेसानी ना होखे। नगर निगम आ पर्यटन विभाग मिलके घाट आ गलियन के सजा देले बा बानी, जवना से लागी कि धरती पs स्वर्ग उतर आइल बा।

प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्री के विजन पs सजी दिव्य-हरित काशी

पर्यटन आ संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह कहलें कि देव दीपावली काशी के आत्मा आ आस्था के पर्व हs। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दिशा-निर्देशन में आज काशी आपन सांस्कृतिक, आध्यात्मिक आ पर्यावरणीय पहचान के संगे पूरा दुनिया में मिसाल बन गइल बा।

खास आकर्षण

  • दशाश्वमेध आ राजघाट पs “ऑपरेशन सिंदूर” के झलक
  • घाटन पs नारी सशक्तीकरण थीम पs सजावट
  • बूंदी परकोटा पs भगवान बुद्ध, जैन घाट पs अहिंसा परमो धर्मः, आ गुरु नानक देव जी के प्रकाश उत्सव थीम
  • घाटन पs दीप प्रज्ज्वलन खातिर 83 समितियन के भागीदारी
  • गंगा पार रेती पs दीप प्रज्ज्वलन
  • हेरिटेज स्टोरी टेलिंग सत्र
  • आतिशबाजी के भव्य आयोजन

Read Also: Bihar Election 2025 : पहिला चरण के वोटिंग से ठीक पहिले प्रशांत किशोर के जन सुराज पार्टी के जोर के झटका, भाजपा में सामिल भइलें कैंडिडेट

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.