सबेरे-सबेरे: भोरे उठते डिप्रेशन आ थकान महसूस होला, विटामिन बी 12 के कमी के हs गंभीर लक्षन, हो सकेला इs बेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2024

Covid-19 के बाद लोग अपना स्वास्थ्य के प्रति अधिक जागरूक हो गईल बाड़े। का शरीर में कवनो विटामिन भा खनिज के कमी बा? एकर कुछ लक्षन से भी समझल जा सकता। कई बेर सबेरे बढ़िया

Share

Covid-19 के बाद लोग अपना स्वास्थ्य के प्रति अधिक जागरूक हो गईल बाड़े। का शरीर में कवनो विटामिन भा खनिज के कमी बा? एकर कुछ लक्षन से भी समझल जा सकता। कई बेर सबेरे बढ़िया नींद के बाद भी आदमी कुंठा, तनाव, आलसी अवुरी थकान महसूस होखेला। जबकि हमनी के स्वस्थ आहार ले रहल बानी जा आ साथ ही साथ पर्याप्त नींद भी मिल रहल बा। एकरा पीछे के कारण शरीर में जरूरी विटामिन अवुरी पोषक तत्व के कमी हो सकता। अइसन लक्षन तब लउकेला जब शरीर में विटामिन बी-12 के कमी होखे। जवना से लंबा समय में बहुत खतरनाक बेमारी हो सकता।

विटामिन बी 12 के कमी के चलते का होखेला?

विटामिन बी 12 के कमी से तंत्रिका तंत्र अवुरी दिमाग पs बहुत बुरा असर पड़ेला। विटामिन बी-12 के कमी के चलते लाल रक्त कोशिका में कमी आवे लागेला अवुरी भूलइले के खतरा बढ़ जाला। एकरा चलते शरीर थकान, कमजोर, आलसी अवुरी उदास महसूस करेला। बी 12 के कमी के चलते ऊर्जा में कमी महसूस होखे लागेला।

विटामिन बी12 के कमी के लक्षन

*अवसाद, कमजोरी आ सुस्ती

*त्वचा के पीला पड़ल

*जीभ पs दाना आ लालिमा

*मुंह में छाला के समस्या

*आंख के रोशनी कम होखल

*सांस फूलल

*कपार दरद आ कान में आवाज बजल

*भूख में कमी

विटामिन बी-12 के कमी से होखे वाला बेमारी 

भूलइले के बेमारी- विटामिन बी-12 के कमी के दिमाग पs बहुत असर पड़ेला। एकरा से बुढ़ापा में डिमेंशिया के खतरा बढ़ जाला।

मानसिक बेमारी- विटामिन बी-12 के कमी से शारीरिक अवुरी बहुत मानसिक बेमारी के खतरा भी बढ़ जाला।

खून के कमी- विटामिन बी 12 के कमी से एनीमिया, खून के कमी अवुरी हीमोग्लोबिन के स्तर में भी काफी गिरावट आवेला।

हड्डी में दर्द- विटामिन बी 12 के कमी के चलते हड्डी में दर्द के समस्या बढ़ जाला। एकरा अलावे कमर अवुरी पीठ में दर्द होखेला।

नर्व सिस्टम प्रभावित – अगर विटामिन बी 12 के कमी होखे तs पूरा तंत्रिका तंत्र पs भी बुरा असर पड़ेला। जब शरीर के हर अंग में खून ना पहुंचेला तs जीवन भर के बहुत बेमारी हो सकता।
health,

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.