Delhi-Punjab Terror Module : दिल्ली आ पंजाब से 6 गो आउर संदिग्ध आतंकी गिरफ्तार, पाकिस्तानी एजेंट शहजाद भट्टी मॉड्यूल-2 के भंडाफोड़

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल आतंकवाद के खिलाफ बड़ कार्रवाई करत दिल्ली आ पंजाब से 6 गो आउर संदिग्ध आतंकी के गिरफ्तार कइले बिया। सुरुआती जांच में पता चलल बा कि गिरफ्तार सब

Share

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल आतंकवाद के खिलाफ बड़ कार्रवाई करत दिल्ली आ पंजाब से 6 गो आउर संदिग्ध आतंकी के गिरफ्तार कइले बिया। सुरुआती जांच में पता चलल बा कि गिरफ्तार सब आरोपी पाकिस्तानी गैंगस्टर आ ISI एजेंट शहजाद भट्टी के नेटवर्क से जुड़ल रहलें।

दू अलग-अलग मॉड्यूल के भंडाफोड़

स्पेशल सेल के कार्रवाई में एह नेटवर्क के दूगो अलग मॉड्यूल के खुलासा भइल बा। पुलिस के अनुसार, एगो मॉड्यूल आतंकी गतिविधियन से जुड़ल रहे, जबकि दुसरका मॉड्यूल अवैध हथियार के तस्करी के नेटवर्क चलावत रहलें।

पिस्टल आ पेट्रोल बम बरामद

गिरफ्तार आरोपियन के कब्जा से पुलिस कइयन गो पिस्टल आ पेट्रोल बम बरामद कइले बिया। सुरुआती जांच में ई बात सामने आइल बा कि एह मॉड्यूल के सदस्य देस के भीतर आपराधिक आ आतंकी घटना के अंजाम देवे के साजिश रचत रहलें सs।

नेटवर्क आ फंडिंग के जांच तेज

दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल अब गिरफ्तार आरोपियन से लगातार पूछताछ करत बिया। जांच एजेंसी एह बात के पता लगावे में जुटल बा कि एह गिरोह के नेटवर्क, फंडिंग, हथियार सप्लाई चेन आ संभावित साजिश का रहे।

आउर गिरफ्तारी हो सकेला

पुलिस इहो जांच करत बिया कि एह मॉड्यूल से आउर कवन-कवन लोग जुड़ल बा आ ओकनी के निशाना पs कवन जगह भा लोग बा। स्पेशल सेल के कहनाम बा कि ममिला के जांच जारी बा आ पूछताछ में मिलत जानकारी के आधार पs आगे आउर गिरफ्तारी हो सकेला।

Read Also: IAF Agniveer Vayu Recruitment 2026 : इंडियन एयरफोर्स अग्निवीर वायु पदन पs आवेदन स्टार्ट, पात्रता फीस सहित पूरा डिटेल करीं चेक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.