Chhapra News : आज एकमा में 7 घंटा के बिजली कटौती, मेंटेनेंस खातिर आज 10 बजे से 5 बजे तक बंद रही लाइट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2025

एकमा (सारण)। एकमा ग्रिड इलाका में आज मंगर के दिने सबेरे 10 बजे से सांझ 5 बजे तक कुल 7 घंटा बिजली सप्लाई बंद रही। बिजली विभाग एह कटौती के जानकारी सोमार के दे देले

Share

बिजली गुल

एकमा (सारण)। एकमा ग्रिड इलाका में आज मंगर के दिने सबेरे 10 बजे से सांझ 5 बजे तक कुल 7 घंटा बिजली सप्लाई बंद रही। बिजली विभाग एह कटौती के जानकारी सोमार के दे देले रहे। कहल गइल बा कि मेंटेनेंस काम के चलते एह समय बिजली ना रही।

विभाग उपभोक्ता लोगन से कहलस कि पानी भर लेवे लोग, मोबाइल चार्ज कर लेवे आ घर के जरूरी काम पहले से निपटा लेवे, ताकि बाद में दिक्कत ना होखे।

जंपर कनेक्शन के होई काम

कनीय अभियंता बतवलें कि एह दौरान एकमा ग्रिड से चलत 33 KVA फीडर लाइन में जंपर कनेक्शन के काम होई। एह काम से बिजली बेवस्था आउर मजबूत होई आ भविष्य में फॉल्ट, ट्रिपिंग जइसन समस्या कम होई। उनका कहला के अनुसार काम पूरा होखतही बिजली तुरंत बहाल कs दिहल जाई।

का होई मेंटेनेंस के फायदा

बिजली विभाग के कहनाम बा कि उपभोक्ता लोगन के निरंतर आ साफ-सुथरा बिजली सप्लाई देवे खातिर समय-समय पs तकनीकी मेंटेनेंस जरूरी होला। एकरा से आगे चलके लाइन फॉल्ट, ओवरलोड, ट्रिपिंग जइसन समस्या ना होई।

कवन-कवन इलाका में बिजली कटल रही?

बिजली कटौती से नीचे लिखल इलाका प्रभावित रही

  • एकमा बाजार
  • दारुहरा
  • हरपुर
  • भुइली
  • सोनवर्षा आ आसपास के आउर गांव

उपभोक्ता लोगन से अपील

विभाग कहलस कि बिजली कटौती के समय सब उपकरण बंद राखीं। काम पूरा भइल के बादे चलाईं। ताकि कवनो दुर्घटना ना हो सके।

Read Also: 18 नवंबर 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.