गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयू) में सीधा प्रवेश लेवे वाला अभ्यर्थियन खातिर राहत के खबर बा। विश्वविद्यालय प्रशासन अब 14 जुलाई तक सीधा दाखिला प्रक्रिया के मवका दे देले बा। एह दौरान इच्छुक छात्र-छात्रा अपना प्रमाण पत्र के सत्यापन कराके प्रवेश शुल्क जमा कs सकत बा लो।
विश्वविद्यालय के अनुसार, सीधा दाखिला प्रक्रिया के तिसरका दिन तक 500 से जादे अभ्यर्थी प्रमाण पत्र सत्यापन आ फीस जमा करे के प्रक्रिया पूरा कs चुकल बाड़ें।
एह बीच विश्वविद्यालय में प्रवेश परीक्षा के नवां दिन बीबीए (BBA), एलएलएम (LLM) आ बीटेक (B.Tech) पाठ्यक्रम खातिर परीक्षा सफलतापूर्वक आयोजित भइल।
विश्वविद्यालय प्रशासन के जानकारी के मोताबिक, एह दिन कुल 1,223 अभ्यर्थी पंजीकरण करवले रहे लोग। एमे से 1,070 उम्मीदवार परीक्षा में सामिल भइल लोग, जबकि 153 अभ्यर्थी अनुपस्थित रहल लोग। एह हिसाब से करीब 83 फीसदी उम्मीदवार परीक्षा देलें।
एलएलएम आ बीटेक परीक्षा शांतिपूर्ण ढंग से संपन्न
दुपहरिया के सत्र में एलएलएम के प्रवेश परीक्षा दीक्षा भवन परीक्षा केंद्र पs आयोजित भइल। एह परीक्षा खातिर 934 अभ्यर्थी पंजीकरण करवले रहे लोग, जवना में से 757 छात्र परीक्षा में सामिल भइल लोग, जबकि 177 उम्मीदवार अनुपस्थित रह लोग।
ओहिजा, सांझ के सत्र में बीटेक प्रवेश परीक्षा बिना कवनो बाधा के संपन्न भइल। एमे कुल 1,126 अभ्यर्थी पंजीकरण करवले रहे लोग। एमे से 894 उम्मीदवार परीक्षा दिहल लोग, जबकि 232 अभ्यर्थी अनुपस्थित रहल लाेग।
विश्वविद्यालय प्रशासन के कहनाम बा कि प्रवेश प्रक्रिया आ परीक्षा दूनो निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार सुचारू रूप से चल रहल बा। अब सीधा दाखिला लेवे के इच्छुक अभ्यर्थी 14 जुलाई तक जरूरी प्रक्रिया पूरा कs सकत बा लोग।
Read Also: Bihar News : बिहार के 10 विश्वविद्यालयन में कुलपति नियुक्ति के नियम बदलल, अब 28 जुलाई ले करीं आवेदन









