Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में वृहद वृक्षारोपण अभियान 2026, फलदार आ छायादार पवधा लगावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS), रोवर्स-रेंजर्स आ एनसीसी (NCC) के संयुक्त तत्वावधान में ‘वृहद वृक्षारोपण अभियान 2026’ के तहत अतवार के दिन दुपहरिया 12 बजे से भव्य पौधरोपण कार्यक्रम आयोजित

Share

DAV PG College Gorakhpur Organizes Mega Tree Plantation Drive 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS), रोवर्स-रेंजर्स आ एनसीसी (NCC) के संयुक्त तत्वावधान में ‘वृहद वृक्षारोपण अभियान 2026’ के तहत अतवार के दिन दुपहरिया 12 बजे से भव्य पौधरोपण कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह अभियान के मकसद पर्यावरण संरक्षण के बढ़ावा दिहल आ हरिअर वातावरण तइयार कइल बा।

वृहद पौधरोपण अभियान के सुरुआत कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कइली। ऊ कॉलेज परिसर में आम, जामुन आ अमरूद जइसन फलदार पवधा लगवली। एह मवका पs कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. शत्रुघ्न सिंह पौधरोपण कइल लोग आ ओह लोग के नेतृत्व में कॉलेज के शिक्षक-शिक्षिका लोग बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल।

अभियान में प्रो. प्रबीन सिन्हा, डॉ. अमरेंद्र पांडेय, डॉ. मुन्ना गुप्ता, डॉ. विश्वदीपक सिंह, डॉ. शिवम श्रीवास्तव, डॉ. संजय पांडेय, डॉ. मनोज कुमार श्रीवास्तव, प्रो. बिंदु, प्रो. परेश सनत, डॉ. राजेश राय, डॉ. विमिलेश, डॉ. विनोद गुप्ता, डॉ. रक्षा आ डॉ. अभिषेक सहित कइयन गो शिक्षक पौधरोपण कइल।

एकरा अलावे कॉलेज के कर्मचारी चंद्रमोहन श्रीवास्तव, राघवेंद्र, राजीव, राजेंद्र, चन्द्रसेन आ दिनेश सहित आउर कर्मचारी आम, अमरूद, सागौन, नीम, सेमर आ जामुन के पवधा लगा के अभियान में जोगदान देलें।

पवधन के संरक्षण के लेके दिलावल गइल संकल्प

एह अवसर पs प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कॉलेज परिवार, शिक्षकन आ राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवक-स्वयंसेविकन के संबोधित करत कहलें कि खाली पवधा लगावलही काफी नइखे, बलुक ओकर देखभाल आ संरक्षणाे ओतने जरूरी बा। ऊ कॉलेज परिवार के पवधन के नियमित देखरेख करे के संकल्प दोहरवलें।

स्वयंसेवकन के उत्साहपूर्ण भागीदारी

वृहद वृक्षारोपण अभियान में राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवक-स्वयंसेविका अमन, आदित्य, मरियम, श्रद्धा, रितिका, रहीम, वैष्णवी, पूर्णिमा, विद्यासागर, विश्वास, आकाश, आयुष, आसिफ, आदर्श, रिया, खुशी, वसीम, नाजिया, जेनिश, अभिषेक, अनमोल, कसक, रचना, रिद्धिमा, छाया सहित कइयन गो छात्र-छात्रा बढ़-चढ़ के हिस्सा लेलें। सअब केहू मिलके अलग-अलग किसिम के पवधा लगावल आ पर्यावरण संरक्षण के संदेश दिहल।

Read Also: DDU Admission 2026 : सीधा दाखिला खातिर अब 14 जुलाई ले मवका, प्रवेश परीक्षा के नवां दिन 83 फीसदी अभ्यर्थी भइलें सामिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.