Bankipur Bypoll : नामांकन के बाद तेज प्रताप यादव के प्रत्याशी वीणा मानवी गिरफ्तार, पटना DM कार्यालय में हंगामा

Bankipur Bypoll: Veena Manvi Arrested After Filing Nomination in Patna

Share

पटना। बिहार के चर्चित बांकीपुर विधानसभा उपचुनाव के नामांकन के आखिरी दिन सोमार के पटना समाहरणालय परिसर में हाई-वोल्टेज राजनीतिक ड्रामा देखे के मिलल। जनशक्ति जनता दल (जेजेडी) के उम्मीदवार वीणा मानवी के नामांकन दाखिल करतही पुलिस गिरफ्तार कs लेलस। गिरफ्तारी के दौरान डीएम ऑफिस परिसर में कुछ देर खातिर अफरा-तफरी आ हंगामा के माहौल बन गइल।

गैर-जमानती वारंट के आधार पs भइल कार्रवाई

पुलिस के अनुसार, वीणा मानवी के खिलाफ धोखाधड़ी (धारा 420) से जुड़ल एगो ममिला में अदालत से गैर-जमानती वारंट (NBW) जारी भइल रहे। ओही वारंट के आधार पs पुलिस टीम समाहरणालय परिसर पहुंचल आ नामांकन पूरा होखतही उनका के हिरासत में ले लेलस।

पुलिस देखके निकले के कोसिस कइली

प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, पुलिस टीम पहुंचतही वीणा मानवी उहवां से निकले के कोसिस कइली। हालांकि, पुलिस कुछ देर के मशक्कत के बाद उनका के पकड़ लेलस। गिरफ्तारी के दौरान समर्थक लोग विरोध करे लागल, जवना से कुछ देर खातिर समाहरणालय परिसर में हंगामा मच गइल।

वीणा मानवी लगवली राजनीतिक साजिश के आरोप

गिरफ्तारी के दौरान वीणा मानवी पुलिस कार्रवाई के विरोध करत कहली कि ई सब राजनीतिक दबाव में कइल जा रहल बा। उनकर कहनाम रहे कि ऊ कवनो अपराध नइखी कइले आ चुनाव लड़े से रोके खातिर ई कार्रवाई करावल जा रहल बा।

वीणा मानवी आरोप लगवली कि भाजपा हार के डर से प्रशासन के गलत इस्तेमाल करत बिया। गिरफ्तारी के समय ऊ भावुक हो गइली आ लगातार अपना के बेगुनाह बतावत छोड़ देवे के गुहार लगावत रहली। हालांकि, पुलिस कानूनी प्रक्रिया पूरा करत उनका के अपना साथे ले गइल।

पुलिस का कहलस?

पुलिस अधिकारी बतवलें कि गिरफ्तारी पूरा तरे अदालत के आदेस के पालन में कइल गइल बा। गैर-जमानती वारंट जारी रहे, एह चलते कानून के मोताबिक कार्रवाई जरूरी रहे। गिरफ्तारी के बाद वीणा मानवी के आगे के कानूनी प्रक्रिया खातिर संबंधित अदालत में पेश कइल गइल।

बांकीपुर उपचुनाव में बढ़ल सियासी गरमी

नामांकन के आखिरी दिन भाजपा उम्मीदवार नीरज कुमार सिन्हा आ जन सुराज पार्टी के संस्थापक प्रशांत किशोर आपन नामांकन दाखिल कइल लो। एह बीच वीणा मानवी के गिरफ्तारी से बांकीपुर उपचुनाव के राजनीतिक माहौल आउर गरमा गइल बा। अब एह घटना के बाद राज्य के सियासत में नया बहस सुरू हो गइल बा।

Read Also: Bihar Encounter : बिहार में डबल मर्डर के आरोपी पुलिस मुठभेड़ में घायल, पुलिस गाड़ी पs चलवलस गोली, दूनो गोड़ में लागल गोली

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-