[the_ad_group id="30365"]

ED Raids: छत्तीसगढ़ के पूर्व सीएम भूपेश बघेल के घरे छापा, बेटा चैतन्य के कइयन गो ठिकानन पs रेड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ED raids house of former Chhattisgarh CM Bhupesh Baghel today

छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री भूपेश बघेल के घर पs प्रवर्तन निदेशालय के छापा पड़ल बा। ईडी के टीम आज सोमार के तड़के भिलाई इस्थित भूपेश बघेल के निवास आ चैतन्य बघेल के घर पs छापेमारी कइले बा। एकरा अलावे टीम आउर कइयन जगहन पs कार्रवाई कs रहल बिया।

मिलल जानकारी के मोताबिक, प्रवर्तन निदेशालय धन शोधन ममिला से जुड़ल कथित शराब घोटाला में छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री आ कांग्रेस नेता भूपेश बघेल के बेटा के ठिकानन पs छापा मरले बा। पूर्व मुख्यमंत्री भूपेश बघेल के घर ईडी छापेमारी के जानकारी लगला पs उनकर बड़ संख्या में समर्थक निवास पहुंचके ईडी के खिलाफ नारेबाजी कs रहल बा।

पूर्व मुख्यमंत्री आ कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव भूपेश बघेल ईडी के कार्रवाई के लेके के कहलें, सात बरिसन से चलल आ रहल झूठा केस के जब अदालत में बर्खास्त कs दिहल गइल तs आज ईडी के मेहमान पूर्व मुख्यमंत्री, कांग्रेस महासचिव भूपेश बघेल के भिलाई निवास में आज सबेरे प्रवेश कइल गइल बा। जदि एह षड्यंत्र से केहूओ पंजाब में कांग्रेस के रोके के प्रयास कs रहल बा, तs ई गलतफहमी बा।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]