गीडा:- 50 करोड़ रुपिया से लागी क्रॉकरी के फेक्ट्री

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2022

जल्दिये गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) में क्रॉकरी के फैक्ट्री बनी। रेडीमेड गारमेंट पार्क ला चुनल गईल जमीन में से एकरा खातिर जमीन के आवंटन कs दिहल गईल बा। 50 करोड़ के लागत से बने

Share

जल्दिये गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) में क्रॉकरी के फैक्ट्री बनी। रेडीमेड गारमेंट पार्क ला चुनल गईल जमीन में से एकरा खातिर जमीन के आवंटन कs दिहल गईल बा। 50 करोड़ के लागत से बने आला एह फेक्ट्री में 400 से बेसी लोगन के रोजगार मिले के उमेद बा। एकरा संगही रेडीमेड गारमेंट में 70 से बेसी युनिट लागी। इहां एकर स्थापना से जुडल काम तेजी से कइल जा रहल बा।

 

70 फैक्टरी लागी चुनाव बाद गीडा के रेडीमेड गारमेंट पार्क में।

04 सौ से बेसी लोगन के रोजगार मिली क्रॉकरी फैक्टरी से। 

साभार: हिंदुस्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.