Gorakhpur News: गोरखनाथ मंदिर में सीएम योगी कइले रुद्राभिषेक, भगवान से राष्ट्र कल्याण के कइले कामना

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2025

गोरक्षपीठाधीश्वर आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में रुद्राभिषेक कइलन आ भगवान भोलेनाथ से राष्ट्र के कल्याण आ सगरी नागरिकन के सुख समृद्धि खातिर प्रार्थना कइलन. पौष मास के शुक्ल पक्ष चतुर्थी

Share

सीएम योगी कइले रुद्राभिषेक

गोरक्षपीठाधीश्वर आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में रुद्राभिषेक कइलन आ भगवान भोलेनाथ से राष्ट्र के कल्याण आ सगरी नागरिकन के सुख समृद्धि खातिर प्रार्थना कइलन. पौष मास के शुक्ल पक्ष चतुर्थी (विनायक चतुर्थी) के सम्मान में आयोजित रुद्राभिषेक संस्कार के सीएम योगी हवन कs के पूरा कइले। 

गोरखनाथ मंदिर में स्थित पीठाधीश्वर आवास के पहिला मंजिल पs बनल शक्तिपीठ में सीएम योगी देवधिदेव महादेव के विल्व पत्र, कमल पुष्प, दूर्वा समेत बहुत पूजा सामग्री चढ़ा के विधिवत रुद्राभिषेक कईले। मठ के विद्वान पुरोहित लोग शुक्ल यजुर्वेद संहिता के रुद्राष्टाध्यायी के महामंत्र के जाप करके रुद्राभिषेक के संस्कार पूरा कइले। रुद्राभिषेक के बाद मुख्यमंत्री वैदिक मंत्र के जाप के बीच हवन कईले। संस्कार के अनुसार संस्कार पूरा भईला के बाद उs भगवान भोलेनाथ से राष्ट्र के कल्याण खातिर प्रार्थना कईले अवुरी सभ नागरिक के स्वस्थ, सुखी, समृद्ध अवुरी शांतिपूर्ण जीवन के कामना कईले।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.