सीएम योगी आदित्यनाथ कइले संगम घाट के सफाई, डिप्टी सीएम समेत कई मंत्री रहले मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2025

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बीयफ़ें के सबेरे महाकुंभ 2025 के औपचारिक उद्घाटन खातीर प्रयागराज पहुंचले। एह दौरान उs झाड़ू लगा के लोग के संगे महाकुंभ नगर के अरैल घाट पs घाट के सफाई कईले अवुरी अपना

Share

सीएम योगी आदित्यनाथ

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बीयफ़ें के सबेरे महाकुंभ 2025 के औपचारिक उद्घाटन खातीर प्रयागराज पहुंचले। एह दौरान उs झाड़ू लगा के लोग के संगे महाकुंभ नगर के अरैल घाट पs घाट के सफाई कईले अवुरी अपना मंत्री लोग के संगे गंगा के किनारे नहाएवाला लोग के छोड़ल कपड़ा आदि के सफाई में आपन योगदान देले। महाकुंभ के बाद पानी में बचल कपड़ा के हटा के पूरा मेला क्षेत्र के साफ करे के अभियान शुरू भईल। सफाई के काम के बाद मुख्यमंत्री अपना मंत्रिमंडल के साथी के संगे फ्लोटिंग जेटी के रास्ता से संगम खातीर रवाना भईले। एह दौरान ऊ जेटी से साइबेरिया के चिरई सभ के खाना खियावत रहलें। संगम पहुंचला के बाद सीएम योगी अदृश्य रूप में मौजूद माई गंगा, माता यमुना अवुरी माता सरस्वती के विधिवत पूजा कईले। 

सीएम योगी संगम घाट के सफाई कईले

वैदिक मंत्र के जप के बीच मंत्री लोग के संगे विधि-विधान के मुताबिक माता गंगा के दुग्धाभिषेक आरती कईले अवुरी जनता के कल्याण के प्रार्थना कईले। संगम स्नान करे आइल श्रद्धालु लोग के सीएम योगी भी अभिवादन कइले। एह मौका पs उप सीएम केशव प्रसाद मौर्य, उप सीएम ब्रजेश पाठक, कैबिनेट मंत्री सुरेश खन्ना, राकेश सचन, नंद गोपाल गुप्ता नंदी, अनिल राजभर, मुख्य सचिव मनोज कुमार सिंह, डीजीपी प्रशांत कुमार आ गृह सूचना के प्रधान सचिव संजय प्रसाद समेत कई गो वरिष्ठ अधिकारी मौजूद रहले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.