CBSE 10th Result 2026 : जल्दिए जारी होई 10वीं के 2nd बोर्ड परीक्षा के परिणाम, एह तरीका से कs सकत बानी डाउनलोड

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2026

एजुकेशन डेस्क। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) के ओर से कक्षा 10वीं के दूसरका बोर्ड परीक्षा के रिजल्ट जल्दिसये जारी कइल जा सकेला। जे विद्यार्थी सीबीएसई 10वीं के 2nd बोर्ड परीक्षा में सामिल भइल रहे

Share

CBSE 10th Admit Card 2026 Second Board Exam

एजुकेशन डेस्क। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) के ओर से कक्षा 10वीं के दूसरका बोर्ड परीक्षा के रिजल्ट जल्दिसये जारी कइल जा सकेला। जे विद्यार्थी सीबीएसई 10वीं के 2nd बोर्ड परीक्षा में सामिल भइल रहे आ अपना रिजल्ट के इंतजार कs रहल बा, ऊ लोग बहुते जल्दी आपन परिणाम डाउनलोड कs सकी लोग।

सीबीएसई 10वीं बोर्ड परीक्षा 2026 के रिजल्ट बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट के अलावा डिजिलॉकर आ उमंग ऐप पs जारी कइल जाई। रिजल्ट देखे खातिर विद्यार्थी आ अभिभावक के रोल नंबर आ जन्म तारीख दर्ज करे के पड़ी।

एह तरीका से डाउनलोड करीं CBSE 10वीं रिजल्ट 2026

रिजल्ट जारी भइला के बाद विद्यार्थी नीचे बतावल गइल तरीका से आपन परिणाम डाउनलोड कs सकी लोग।

  • सबसे पहिले सीबीएसई के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।
  • वेबसाइट के होमपेज पs रिजल्ट सेक्शन पs क्लिक करीं।
  • अब CBSE 10th Board Result 2026 लिंक पs क्लिक करीं।
  • लिंक खुलला के बाद आपन लॉगिन डिटेल दर्ज करीं।
  • जानकारी भरला के बाद रिजल्ट स्क्रीन पs देखाई देवे लागी।
  • अब रिजल्ट के डाउनलोड कs के भविष्य खातिर सुरक्षित रख लीं।

एह वेबसाइट पर देख सकत बानी रिजल्ट

  • cbse.gov.in
  • cbseresults.nic.in
  • results.cbse.nic.in
  • डिजिलॉकर (DigiLocker)
  • उमंग ऐप (UMANG App)

एह तारीख के भइल रहे परीक्षा

सीबीएसई के ओर से कक्षा 10वीं के दूसरका बोर्ड परीक्षा के आयोजन 15 मई से 21 मई 2026 तक देसभर के अलग-अलग परीक्षा केंद्र पs करावल गइल रहे। एह परीक्षा में सामिल होखे खातिर करीब 6 लाख से जादे विद्यार्थी रजिस्ट्रेशन करवले रहलें।

अब विद्यार्थियन के नजर सीबीएसई 10वीं 2nd बोर्ड रिजल्ट 2026 पs टिकल बा। रिजल्ट जारी भइला के बाद छात्र आपन अंक आ परिणाम ऑनलाइन चेक कs सकी लोग।

Read Also: Ram Mandir में चढ़ावा चोरी ममिला में SIT अब FIR करावे के तइयारी में, सात दिन के जांच में मिलल कइयन गो खामी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.