BPSC TRE 4 के लेके पटना में छात्रन के हंगामा, गांधी मैदान के बैरिकेडिंग टूटल, डाकबंगला पर पुलिस से झड़प

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 25, 2026

पटना। BPSC TRE 4 परीक्षा के मांगन के लेके मंगर के पटना में छात्रन के जोरदार प्रदर्शन देखे के मिलल। छात्र पीटी-मेंस परीक्षा, निगेटिव मार्किंग हटावे आ 100 फीसदी डोमिसाइल के मांग करत सड़क पs

Share

पटना। BPSC TRE 4 परीक्षा के मांगन के लेके मंगर के पटना में छात्रन के जोरदार प्रदर्शन देखे के मिलल। छात्र पीटी-मेंस परीक्षा, निगेटिव मार्किंग हटावे आ 100 फीसदी डोमिसाइल के मांग करत सड़क पs उतरलें। प्रदर्शन के दौरान गांधी मैदान से डाकबंगला चौराहा तक पुलिस आ छात्रन के बीच तनाव के इस्थिति बन गइल।

प्रदर्शनकारी छात्र गांधी मैदान के जेपी गोलंबर से आगे बढ़े के कोसिस करत रहलें। पुलिस छात्रन के रोके खातिर बैरिकेडिंग लगवले रहे, बाकिर प्रदर्शनकारी बैरिकेडिंग के एगो हिस्सा तोड़ दिहल लो आ डाकबंगला चौराहा के ओर बढ़ गइल। छात्रन के बढ़त भीड़ के देखत डाकबंगला चौराहा पs सुरक्षा बेवस्था आउर कड़ा कs दिहल गइल।

डाकबंगला पs वाटर कैनन चलावल गइल

बड़ संख्या में प्रदर्शनकारी डाकबंगला चौराहा पहुंच गइलें। बतावल जा रहल बा कि प्रदर्शनकारी लोग इहवों घेराबंदी तोड़ के आगे बढ़े के कोसिस कइल। इस्थिति संभाले खातिर पुलिस वाटर कैनन के इस्तेमाल कइलस।

पुलिस के ओर से प्रदर्शनकारी छात्रन पs लाठीचार्ज करे के बात सामने आइल बा। एह दौरान कइयन गो प्रदर्शनकारियन के हिरासत में लिहल गइल।

पुलिस आ छात्रन में धक्का-मुक्की

जेपी गोलंबर के आसपास पुलिस प्रदर्शनकारी छात्रन के रोकत रहे लो। एह दौरान छात्र आ पुलिस के बीच धक्का-मुक्की भइल। प्रदर्शनकारी डाकबंगला चौराहा के ओर बढ़े पs अड़ल रहे लो। डाकबंगला पs आईजी जितेंद्र राणा आ एसएसपी कार्तिकेय के शर्मा के नेतृत्व में पुलिस बल तैनात रहे। पुलिस अधिकारी प्रदर्शनकारी छात्रन के समझावे के कोसिस करत नजर अइलें।

पटना में CRPF के तैनाती

प्रदर्शन के बढ़त तनाव के देखत पटना में CRPF के जवानन के तैनात कइल गइल। सुरक्षा बल जेपी गोलंबर सहित कइयन गो संवेदनशील जगह पs तैनात रहलें, ताकि इस्थिति नियंत्रण से बाहर ना जाये।

का बा छात्रन के मांग?

ऑल बिहार स्टूडेंट यूनियन के अमन गुट के ओर से आंदोलन के आह्वान कइल गइल रहे। छात्रन के मुख्य मांग में BPSC TRE 4 में पीटी आ मेंस परीक्षा के बेवस्था, निगेटिव मार्किंग हटावल आ बिहार में 100 फीसदी डोमिसाइल लागू कइल सामिल बा।

छात्र संगठन के कहनाम बा कि जबले ओह लोगन के  मांग पs ठोस फैसला नइखे होत, तबले आंदोलन जारी रखे के रणनीति बनावल जा सकेला।

Read Also: UP BJP : यूपी बीजेपी में बड़ फेरबदल के तइयारी, 2027 चुनाव खातिर नया टीम के खाका तइयार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.