Bomb Threat : लाल किला के बम से उड़ावे के धमकी, मुंबई पुलिस के आइल फोन से दिल्ली तक मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली के ऐतिहासिक लाल किला के बम से उड़ावे के धमकी मिले के ममिला सामने आइल बा। एह बारे में मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में एगो फोन कॉल आइल, जवना के बाद

Share

Bomb Threat at Red Fort - Delhi Police Launch Security Check

नई दिल्ली। दिल्ली के ऐतिहासिक लाल किला के बम से उड़ावे के धमकी मिले के ममिला सामने आइल बा। एह बारे में मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में एगो फोन कॉल आइल, जवना के बाद मुंबई से लेके दिल्ली तक सुरक्षा एजेंसियन में हड़कंप मच गइल। हालांकि सुरुआती जांच के बाद पुलिस एह कॉल के फर्जी (हॉक्स कॉल) बतवले बिया।

मिलल जानकारी के मोताबिक, एगो अज्ञात आदमी मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में फोन कs के दावा कइलस कि दिल्ली के लाल किला के बम से उड़ा दिहल जाई। सूचना मिलतही मुंबई पुलिस दिल्ली पुलिस के कंट्रोल रूम के तुरंत खबर दे देलस।

दिल्ली पुलिस कंट्रोल रूम एह जानकारी के फौरन उत्तरी जिला पुलिस के भेज देलस। सूचना मिलतही पुलिस आ सुरक्षा एजेंसियन हरकत में आ गइलें आ लाल किला के आसपास सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल।

सुरक्षा बल पूरा इलाका के बारीकी से जांच कइलस। बम निरोधक दस्ता आ दूसरका सुरक्षा टीम सब संदिग्ध जगह के तलाशी लेलस, बाकिर कहीं से कवनो संदिग्ध सामान आ विस्फोटक ना मिलल। जांच पूरा होखला के बाद पुलिस साफ कs देलस कि ई फोन फर्जी कॉल रहल आ लाल किला पs कवनो तरे के खतरा नइखे।

ई पहिला मवका ना हs जब दिल्ली के कवनो महत्वपूर्ण जगह के एह तरे के धमकी मिलल होखे। पिछिला कुछ महीना में दिल्ली के कइयन गो सरकारी इमारत, अदालत आ दूसर संवेदनशील जगहन के बम से उड़ावे के धमकी मिल चुकल बा। हालांकि जांच के बाद जादेतर ममिला फर्जी निकलल बा। फिलहाल पुलिस फोन करे वाला आदमी के पहचान करे आ ओकरा खिलाफ कानूनी कार्रवाई करे में जुटल बा।

Read Also: IND vs ENG Playing 11 : का श्रेयस-गंभीर भारत के लाज बचा पाई लो? का इंग्लैंड 4-0 से रउद के बन जाई नंबर-1? आज होई आखिरी टी20 मुकाबला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.