ICA Summit: पीएम मोदी आज अंतरराष्ट्रीय सहकारिता सम्मेलन के करिहें सुरुआत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के भारत मंडपम में अंतरराष्ट्रीय सहकारिता सम्मेलन के उद्घाटन करिहें। 30 नवंबर तक चले वाला एह आयोजन में 100 से जादे देसन के 1,500 प्रतिनिधि सामिल होई लो। अंतरराष्ट्रीय सहकारिता गठबंधन

Share

गुयाना में पीएम मोदी के मवजूदगी के दौरान उत्साहित प्रवासी भारतीय समुदाय - फोटो : एक्स @narendramodi

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के भारत मंडपम में अंतरराष्ट्रीय सहकारिता सम्मेलन के उद्घाटन करिहें। 30 नवंबर तक चले वाला एह आयोजन में 100 से जादे देसन के 1,500 प्रतिनिधि सामिल होई लो। अंतरराष्ट्रीय सहकारिता गठबंधन के 130 साल के इतिहास में पहिला बेर भारत में वैश्विक सहकारिता सम्मेलन आयोजित कइल जा रहल बा। बता दीं कि अंतरराष्ट्रीय सहकारिता बरिस पs एगो स्मारक टिकटो जारी कइल जाई।

भूटान के पीएम दाशो शेरिंग होइहें सामिल

कार्यक्रम में भूटान के प्रधानमंत्री दाशो शेरिंग तोबगे के आ फिजी के उप प्रधानमंत्री मनोआ कामिकामिका सम्मिलित होई लो। सहकारी आंदोलन के विकास खातिर मंत्रालय के ओर से तीन साल में कइल गइल 54 पहलूअन के लेके एह आयोजन में विशेष इंतजाम कइल गइल बा, ताकि दुनिया भारत में सहकारिता के बढ़त कदमन से परिचित हो सके।

रोशडेल पायनियर अवार्ड-25 से होई लो सम्मानित

जानकारी के अनुसार आयोजन के दौरान रोशडेल पायनियर अवार्ड-25 प्रदान कइल जाई। ई सहकारी समितियन के विकास आ अंतरराष्ट्रीय सहकारी आंदोलन के मजबूत करे खातिर ओह लोगन के बहुमूल्य जोगदान खातिर व्यक्तियन भा संगठन के दिहल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.