Chapra News : एकमा ग्रिड में दुपहरिया 12 से सांझ 7 बजे ले ना रही बिजली, मूर्ति विसर्जन खातिर रही पावर कट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2025

छपरा। शारदीय नवरात्र आ विजयादशमी के बाद मूर्ति विसर्जन के मद्देनजर आज सुक के दिन एकमा ग्रिड से जुड़ल कइयन इलाका में करीब सात घंटा तक बिजली सप्लाई बाधित (Power Supply Disruption) रही। ई कटौती

Share

यूपी वालन के अब देवे के पड़ी महंगा बिजली बिल

छपरा। शारदीय नवरात्र आ विजयादशमी के बाद मूर्ति विसर्जन के मद्देनजर आज सुक के दिन एकमा ग्रिड से जुड़ल कइयन इलाका में करीब सात घंटा तक बिजली सप्लाई बाधित (Power Supply Disruption) रही। ई कटौती दुपहरिया 12 बजे से सांझ 7 बजे तक रही। विभागीय अभियंता अवधेश कुमार बतवलें कि सुरक्षा कारण से ई कदम उठावल गइल बा, ताकि विसर्जन जुलूस के दौरान कवनो अप्रिय घटना ना हो सके।

कइयन इलाका में रही अन्हार

एह पावर कट के असर परसा, रसूलपुर, दाउदपुर, छीत्तरवालिया, रामपुर, केशरी, बरवा, गंजपर, भरहोपुर आ नौतन से नजदीकी इलाका पs पड़ी। अभियंता साफ कइले कि ई कटौती निर्धारित समय तक जारी रही।

जुलूस सुरू होखते हाेई बिजली बंद

बिजली विभाग सब लाइनमैन के सख्त हिदायत देले बा कि जुलूस सुरू होखते आह इलाकन के बिजली सप्लाई तुरत बंद कs दिहल जाव। जुलूस खतम होखते बिजली सप्लाई बहाल कइल जाई। ई डेग खास कs के तार, ट्रांसफार्मर आ बाकी उपकरणन से कवनो खतरा टाले खातिर उठावल गइल बा।

उपभोक्ता लोगन से अपील

विभागीय अभियंता जनता से अपील कइले बाड़ें कि ई अस्थायी पावर कट ध्यान में रखके आपन जरूरी काम पहिले से निपटा लिहल जावs। ऊ आश्वासन देलें कि विसर्जन पूरा होखते बिजली सप्लाई सामान्य कs दिहल जाई।

सात घंटा कटौती से लोगन में परेशानी

प्रशासन आ बिजली विभाग के ई तैयारी भक्तन आ श्रद्धालुन के सुरक्षा खातिर बा। हालाँकि सात घंटा ले बिजली ना रहे से लोगन के असुविधा जरूर होई, बाकिर ई कदम सबके सुरक्षा खातिर जरूरी मानल जा रहल बा।

Read Also: Chhannulal Mishra Passes Away : पद्मविभूषण से सम्मानित प्रसिद्ध शास्त्रीय गायक पंडित छन्नूलाल मिश्र के 89 बरिस के उमिर में निधन, पीएम मोदी आ सीएम योगी जतवलें शोक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.