Bihar Politics : ‘गंदा-गंदा गाली, चप्पल उठावल गइल’- रोहिणी आचार्य के नया पोस्ट से मचल भूचाल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2025

पटना। बिहार इलेक्शन रिजल्ट 2025 के बाद NDA के धमाकेदार जीत से राजनीतिक माहौल गरम बा। नया सरकार बनी, एमे नीतीश कुमार दुबारा मुख्यमंत्री बनिहें कि कवनो नया चेहरा सामने आई? ई सवाल पs लगातार

Share

Rohini Acharya New Post: Bihar Politics Live Update 2025

पटना। बिहार इलेक्शन रिजल्ट 2025 के बाद NDA के धमाकेदार जीत से राजनीतिक माहौल गरम बा। नया सरकार बनी, एमे नीतीश कुमार दुबारा मुख्यमंत्री बनिहें कि कवनो नया चेहरा सामने आई? ई सवाल पs लगातार बयानबाजी हो रहल बा।

दूसरका ओर RJD में भारी घमासान मचल बा। लालू परिवार में कटुता खुलके सामने आ गइल बा। राेहिणी आचार्य के परिवार छोड़ला के बाद आज आइल एगो आउर नया पोस्ट में ऊ परिवार के खिलाफ खुलके बोलले बाड़ी। ऊ कहली कि उनका के ना खाली गंदा-गंदा गाली दिहल गइल, चप्पल उठावल गइल”- मायका से नाता तुड़वा दिहल गइल। हमरा के अनाथ बना दिहल गइल।

रोहिणी लिखली

“काल्ह एगो बेटी, एगो बहिन, एगो पत्नी, एगो मायका वाली के अपमानित कइल गइल। उनका के गंदा-गंदा गाली दिहल गइल, चप्पल उठाके मारे के कोसिस भइल।

हम अपना स्वाभिमान से समझौता ना कइनी, सत्य के त्याग ना कइनी- एह कारण से हम ई अपमान झेलनी। काल्ह एगो बेटी मजबूरी में आपन रोवत माई-बाप आ बहिनन के छोड़के चल आइल। हमरा से हमार मायका छीन लिहल गइल। हमरा के अनाथ छोड़ दिहल गइल।

रउआ सब हमरा रास्ता पs मत चली। कवनो परिवार में रोहिणी जइसन बेटी-बहिन मत होखे।”

रोहिणी आचार्य के एह पोस्ट से बिहार की सियासत में नया भूचाल आ गइल बा। लालू परिवार के अंदरूनी कलह अब खुल्लम-खुल्ला सामने आ गइल बा, जेकर असर राज्य की राजनीति पर भी साफ देखल जा रहल बा।

Read Also: IND vs SA : ICU में भरती भइलें कप्तान Shubman Gill, गर्दन में तेज दर्द के चलते कोलकाता टेस्ट से बाहर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.