Madvi Hidma Network Busted : आंध्र प्रदेश पुलिस तबाह कइलस माड़वी हिड़मा के नेटवर्क, सात माओवादी ढेर, 50 गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

नई दिल्ली। आंध्र प्रदेश पुलिस माओवादियन के खिलाफ बड़ एक्शन में बिया। मारेदुमिल्ली इलाका में पुलिस आ माओवादियन के बीच भइल जोरदार मुठभेड़ में सात माओवादी ढेर हो गइलें। एही के संगे पुलिस कृष्णा, एलुरु,

Share

नई दिल्ली। आंध्र प्रदेश पुलिस माओवादियन के खिलाफ बड़ एक्शन में बिया। मारेदुमिल्ली इलाका में पुलिस आ माओवादियन के बीच भइल जोरदार मुठभेड़ में सात माओवादी ढेर हो गइलें। एही के संगे पुलिस कृष्णा, एलुरु, NTR विजयवाड़ा, काकीनाडा आ डॉ. बीआर अंबेडकर कोनासीमा जिला से कुल 50 CPI (माओवादी) ऑपरेटिव के गिरफ्तार कइले बिया। एकरा से माओवादी संगठन के दक्षिण बस्तर आ दंडकारण्य के नेटवर्क के जबर झटका लागल बा।

पुलिस के मोताबिक गिरफ्तार कइल गइल लोग में सीनियर माओवादी नेता, लॉजिस्टिक विशेषज्ञ, कम्युनिकेशन ऑपरेटिव, हथियारबंद प्लाटून सदस्य आ पार्टी सदस्य सामिल बा। ई सब केहू CPI (माओवादी) के सेंट्रल कमेटी मेंबर माड़वी हिड़मा से करीब से जुड़ल लोग मानल जात रहे। हिरासत में मिलल जानकारी से पता चलल बा कि ई लोग कइयन गो इलाका में सक्रिय रहे आ संगठन के रणनीति, फंडिंग आ हथियार तस्करी में भूमिका निभावत रहे।

सात माओवादी ढेर

अमरावती पुलिस बतवलस कि बुध के मारेदुमिल्ली में भइल मुठभेड़ में सात माओवादी मारल गइलें। AP इंटेलिजेंस के ADG महेश चंद्र लड्ढा प्रेस कॉन्फ्रेंस में बतवलें कि मंगर से सुरू भइल ऑपरेशन में अभी तक सात माओवादी ढेर हो चुकल बा। मरे वालन में तीन महिला माओवादी सामिल बा लोग। एगो माओवादी के पहचान मेतुरी जोखा राव उर्फ शंकर के रूप में भइल बा, बाकी के पहचान प्रक्रिया जारी बा।

अधिकारी लोग बतावल कि सुरुआती जानकारी के अनुसार शंकर श्रीकाकुलम के रहे वाला आ आंध्र-ओडिशा बॉर्डर (AOB) के जिम्मेदार सदस्य (ACM) रहलें। शंकर टेक्निकल काम, हथियार बनावे, आ कम्युनिकेशन सिस्टम में माहिर मानल जात रहे। ओकर मारल गइला के माओवादियन के तकनीकी इकाई खातिर बड़ झटका मानल जा रहल बा।

पुलिस के अनुसार, ई पूरा ऑपरेशन प्लान बनाके, पुख्ता इंटेलिजेंस के आधार पs कइल गइल, जवना के लक्ष्य माड़वी हिड़मा के पूरा नेटवर्क के कमजोर कइल रहे। आंध्र प्रदेश पुलिस कहलस कि ई अभियान आगहू जारी रही आ संगठन के बचल-खुचल नेटवर्क के जल्दिये साफ कs दिहल जाई।

Read Also: India-Pakistan Tension : आर्मी चीफ के ‘ट्रेलर’ वाला बयान से पाकिस्तान दहलल- रक्षा मंत्री बोललें- भारत फेर हमला कs सकेला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.