Bihar Politics: कर्पूरी ठाकुर के तरह लालू यादव के भी देवे के पड़ी भारत रत्न, तेजस्वी यादव बोलले- जवन आज गाली देले…

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2025

बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ आरजेडी नेता तेजस्वी यादव एगो बड़हन बयान दिहले बाड़न. तेजस्वी यादव सोमार के कहले कि आरजेडी अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के वंचित के आवाज उठावे वाला नेता के रूप में

Share

Bihar Politics

बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ आरजेडी नेता तेजस्वी यादव एगो बड़हन बयान दिहले बाड़न. तेजस्वी यादव सोमार के कहले कि आरजेडी अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के वंचित के आवाज उठावे वाला नेता के रूप में जानल जाला। समाजवादी नेता कर्पूरी ठाकुर के पुण्यतिथि के आरजेडीs आयोजित एगो समारोह के संबोधित करत उs कहले कि एक बेर उनुका संगे गारी देवे वाला, बाद में उनुका के भारत रत्न से सम्मानित करे के पड़ल।

लालू यादव के भारत रत्न देबे के पड़ी-तेजस्वी

तेजस्वी यादव कहले कि, आरक्षण लागू करे खातीर कर्पूरी ठाकुर के गारी-गलौज करेवाला लोग आज भारत रत्न देतारे। हम आज उनुका के बतावल चाहतानी कि मोदी जी के प्रचार खातीर आज जे लालू यादव जी के गारी-गलौज करतारे, एक दिन अयीसन आई जब उहे लोग उनुका के भारत रत्न दिहे।”

तेजस्वी यादव कहले कि लालू प्रसाद यादव अवुरी राबड़ी देवी कर्पूरी ठाकुर के काम के आगे बढ़ावे के काम कईले। उs कहले कि लालू यादव अवुरी राबड़ी देवी आरक्षण के बढ़ा के 18 प्रतिशत कs देले अवुरी ओकरा बाद भाजपा आज ले एकरा के ना बढ़वलस।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.