DGCA के एअर इंडिया पs बड़ एक्शन, एअरलाइन के तीन अफसरन के हटावे के आदेस; 10 दिन में देवे के होई रिपोर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2025

नई दिल्ली। डायरेक्टोरेट जनरल ऑफ सिविल एविएशन (DGCA) एअर इंडिया पs बड़ एक्शन लेत परिचालन संबंधी खामियन खातिर जिम्मेदार तीन अधिकारियन के चालक दल के समय-सारणी आ रोस्टरिंग से संबंधित सब भूमिकन आ जिम्मेदारियन से

Share

नई दिल्ली। डायरेक्टोरेट जनरल ऑफ सिविल एविएशन (DGCA) एअर इंडिया पs बड़ एक्शन लेत परिचालन संबंधी खामियन खातिर जिम्मेदार तीन अधिकारियन के चालक दल के समय-सारणी आ रोस्टरिंग से संबंधित सब भूमिकन आ जिम्मेदारियन से हटावे के निरदेस देले बा।

DGCA एह अधिकारियन के खिलाफ बिना देरी के आंतरिक अनुशासनात्मक कार्रवाई करे के निरदेस देले बा आ कहले बा कि एह कार्रवाई के परिणाम के रिपोर्ट 10 दिन के भीतर दिहल जाये।

DGCA का कहलस?

DGCA एअर इंडिया के जवाबदेह प्रबंधक के कारण बताओ नोटिस जारी कइले बा, जेमे कहल गइल बा कि मवका पs जांच के दौरान ई पावल गइल बा कि एअर इंडिया के जवाबदेह प्रबंधक 16 मई 2025 आ 17 मई 2025 के बेंगलुरु से लंदन (AI133) खातिर दुगो उड़ान संचालित कइलस, जेमे से दुनो 10 घंटा के निर्धारित उड़ान समय सीमा के पार कs लिहल।

DGCA अधिकारी से सात दिनन के भीतर जवाब मांगल गइल बा पूछल गइल बा कि उल्लंघन खातिर उचित प्रवर्तन कार्रवाई काहे ना सुरू कइल जाव।

Read Also: International Yoga Day : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में मनल अतंरराष्ट्रीय योग दिवस, सूर्य नमस्कार के भइल अभ्यास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.