Ramvichar Pandey Passe Away : बलिया के अंतिम स्वतंत्रता सेनानी रामविचार पांडेय के निधन : भाजपा नेता आ स्थानीय लोग दिहल श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2025

बलिया (उत्तर प्रदेश)। स्वतंत्रता संग्राम के सच्चा योद्धा आ बलिया जनपद के अंतिम जीवित स्वतंत्रता सेनानी रामविचार पांडेय के निधन हो गइल। उनका निधन के खबर से पूरा जिला में शोक के लहर दउड़ गइल।

Share

BJP leaders and locals pay tribute to Ballia’s last freedom fighter Ramvichar Pandey

बलिया (उत्तर प्रदेश)। स्वतंत्रता संग्राम के सच्चा योद्धा आ बलिया जनपद के अंतिम जीवित स्वतंत्रता सेनानी रामविचार पांडेय के निधन हो गइल। उनका निधन के खबर से पूरा जिला में शोक के लहर दउड़ गइल। बांसडीह क्षेत्र में इस्थित शहीद पंडित रामदहीन ओझा के आवास पs आयोजित शोकसभा में भाजपा नेता, सामाजिक संगठनन आ स्वतंत्रता सेनानी परिवार के सदस्य लाेग उनका के भावभीनी श्रद्धांजलि दिहल।

कार्यक्रम में स्वर्गीय रामविचार पांडेय के चित्र पs पुष्प अर्पित कs के उनका के इयाद कइल गइल। एह अवसर पs भाजपा नेता प्रतुल कुमार ओझा कहलें कि “रामविचार पांडेय के निधन से बलिया अपना इतिहास के एगो गौरवशाली अध्याय खो देले बा। ई ना खाली जनपद बलुक पूरा प्रदेश खातिर अपूरणीय क्षति बा।”

शोकसभा में उपस्थित लोग दु मिनट के मौन रखके स्वतंत्रता सेनानी के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कइलें। मौका पs पूर्व भाजपा मंडल अध्यक्ष निखिलेश पांडेय, रामानन्द मिश्रा, दिग्विजय सिंह, तेजबहादुर रावत, मूनजी गोंड, आर्यन सिंह, कन्हैया पांडेय, रजत श्रीवास्तव, दिनेश मिश्रा सहित कइयन गो आउर गणमान्य लोग मौजूद रहे।

रामविचार पांडेय आजादी के लड़ाई के दौरान अंग्रेजी शासन के खिलाफ संघर्ष कइले रहस। उनकर जीवन नवहन खातिर प्रेरणास्रोत रहल। स्थानीय लोग कहल कि उनकर जोगदान के भुलावल नइखे जा सकत आ उनकर स्मृति सदैव जनपद के इतिहास में जीवित रही।

Read Also: Apple लॉन्च कइलस iPhone Pocket, फोन के कैरी करे के आई काम; कीमत करीब 13,300 रुपिया

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.