IND vs SA : “कवनो मुकाबला नइखे…” ध्रुव जुरैल के ऋषभ पंत संगे तुलना पs दिल छू लेवे वाला बयान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2025

नई दिल्ली। भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच होखे वाला पहिला टेस्ट मैच से पहिले भारतीय विकेटकीपर बल्लेबाज ध्रुव जुरैल के बयान सोशल मीडिया पs छा गइल बा। जब ओकरा के ऋषभ पंत से तुलना

Share

Dhruv Jurel says no competition with Rishabh Pant before India vs South Africa Kolkata Test

नई दिल्ली। भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच होखे वाला पहिला टेस्ट मैच से पहिले भारतीय विकेटकीपर बल्लेबाज ध्रुव जुरैल के बयान सोशल मीडिया पs छा गइल बा। जब ओकरा के ऋषभ पंत से तुलना के सवाल पूछल गइल, तs ध्रुव जुरैल साफ-साफ कहलें- “हमनी के बीच कवनो कॉम्पिटीशन नइखे, हमनी के गोल बस एके बा- टीम इंडिया के जीत दिलावे।”

ध्रुव जुरैल के ई बयान फैंस के दिल जीत लेलस। ऊ कहलें कि चाहे ऊ खेलस चाहे पंत, मकसद बस ई होला कि भारत मैच जीते। “जदि हम खेलब तs खुसी के बात बा, आ जदि हमनी दुनो लोग एक संगे खेलेम सs तs ओकरा से बढ़िया कुछ होइये ना सकेला। हमनी के ध्यान बस टीम पs बा।”

ध्रुव जुरैल आ ऋषभ पंत के तुलना पs खुलासा

24 साल के ध्रुव जुरैल के पिछिला साल पंत के चोट लगला के बाद टीम में मौका मिलल रहे। रेड बॉल फॉर्मेट में ऊ पंत के रिप्लेसमेंट के रूप में चुनल गइल रहस। ऊ अहमदाबाद में वेस्टइंडीज खिलाफ आपन पहिला टेस्ट शतक मारके सब केहू के दिल जीत लेलें।

जियो स्टार पs बात करत ऊ कहलें, “खेलाड़ी खातिर सबसे बढ़िया अहसास तब होला जब ऊ टीम खातिर कुछ कs सके, आ ओकरा से टीम जीत सके।”

साउथ अफ्रीका से मुकाबला पs जुरैल के बयान

कोलकाता टेस्ट से पहिले ऊ कहलें कि ई सीरीज बहुत रोमांचक होखे वाला बा। दुनो टीमन के लगे जबरदस्त तेज गेंदबाज बा लोग- रबाडा, मार्को जानसेन, बुमराह, सिराज- सबका में मैच पलटे के ताकत बा।

2019 के बाद साउथ अफ्रीका के भारत दौरा

साउथ अफ्रीका के टीम 2019 के बाद अब रेड बॉल फॉर्मेट में भारत आइल बिया। पिछला बेर भारत एह टीम के 3-0 से क्लीन स्वीप कइले रहस। अब एक बेर फेर टीम इंडिया के नजर सीरीज जीत पs बा।

पहिला टेस्ट 14 नवंबर से कोलकाता के ईडन गार्डन्स में होखी, जबकि दुसरका टेस्ट 22 नवंबर से गुवाहाटी में खेलल जाई।

पहिला टेस्ट खातिर भारतीय टीम

शुभमन गिल (कप्तान), ऋषभ पंत (विकेटकीपर/उप-कप्तान), यशस्वी जयसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, देवदत्त पडिक्कल, ध्रुव जुरैल, रवींद्र जडेजा, वॉशिंगटन सुंदर, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, कुलदीप यादव, आकाशदीप।

Read Also: Delhi Red Fort Blast : धमाका खातिर जुटवले रह सs 20 लाख रुपिय, पईसा के लेके आतंकियन में भइल झगड़ा; दिल्ली ब्लास्ट केस में नया खुलासा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.