Urjit Patel : उर्जित पटेल के आईएमएफ में बड़ जिम्मेदारी, आरबीआई गवर्नर के रूप में कइले रहस बेहतरीन काम

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2025

सेंट्रल डेस्क। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के पूर्व गवर्नर उर्जित पटेल (Urjit Patel) के इंटरनेशनल मॉनेटरी फंड में एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के गवर्नर के तौर

Share

Urjit Patel appointed to a major role in IMF, former RBI Governor of India

सेंट्रल डेस्क। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के पूर्व गवर्नर उर्जित पटेल (Urjit Patel) के इंटरनेशनल मॉनेटरी फंड में एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के गवर्नर के तौर पs उनका कार्यकाल के देस के अर्थबेवस्था के मजबूत करे खातिर बहुते महत्त्वपूर्ण मानल जाला। उनकर ई नियुक्ति तीन बरिस खातिर होई।

अप्वाइंटमेंट कमेटी ऑफ कैबिनेट के सहमति के बाद उर्जित पटेल (Urjit Patel)  के एह बेहद महत्वपूर्ण पद खातिर चुनल गइल आ केंद्र सरकार के 28 अगस्त के नोटिफिकेशन में एकर जानकारी दिहल गइल। उ दिसबंर 2018 में रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के गवर्नर के पद से इस्तीफा देले रहे। उनकर कार्यकाल सितंबर 2019 तक रहे, बाकिर एकरा पहिलही उ इस्तीफा दे देले रहस। उ एनआईपीएफपी के चेयरमैन के रूप में काम कs चुकल बाड़ें।

Read Also: Survey: पहिला तिमाही में आरबीआई के अनुमान से जादे रह सकत बा बढ़न्ती दर, खपत आ मांग से तय होई भविष्य

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.