Bihar Election 2025 : बिहार चुनाव में हो गइल ‘खेल’, कइयन गो दिग्गज पिछड़ल लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के नतीजा में जोरदार उलटफेर देखे के मिलत बा। कइयन गो नामी-गिरामी नेतन अपना-अपना सीट पर पिछड़त नजर आवत बाड़न, जेकरा चलते राजनीतिक दलन में खलबली मचल बा। शुरुआती रुझान

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के नतीजा में जोरदार उलटफेर देखे के मिलत बा। कइयन गो नामी-गिरामी नेतन अपना-अपना सीट पर पिछड़त नजर आवत बाड़न, जेकरा चलते राजनीतिक दलन में खलबली मचल बा। शुरुआती रुझान से साफ दिखत बा कि जनता के मूड एबार बदले वाला बा। राजनीतिक विश्लेषक लोग रुझान के आधार पर आगे के रणनीति बनावे में जुटल बाड़न।

कौन-कौन नेता पीछे चल रहल बा?

बिहार चुनाव 2025 के शुरुआती रुझान आ गइल बा। एहमें कुछ बड़ा नेता लोग के स्थिति हैरान करे वाली बा।

  • दानापुर से बीजेपी प्रत्याशी रामकृपाल यादव पीछे
  • सिवान से अवध बिहारी पीछे
  • महुआ से तेजप्रताप यादव पीछे
  • मोकामा से राजद उम्मीदवार वीणा देवी पीछे
  • अस्थावां से जन सुराज पार्टी के उम्मीदवार लता सिंह (आरसीपी सिंह के बेटी) पिछड़ली
  • चनपटिया से मनीष कश्यप पीछे

हालांकि, ई अभी सुरुआती रुझान बा। तस्वीर अभी बदल सकेला। चुनाव परिणाम के अंतिम फैसला मतगणना पूरा होखे के बादे साफ होई।

Read Also: Bihar Election 2025 Counting : एनडीए बहुमत के तरफ, महागठबंधन पीछे

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.