Gorakhpur News : गोरखपुर में भव्य गरबा-डांडिया महोत्सव सम्पन्न, सइयन लोग बनल साक्षी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2025

गोरखपुर। तारामंडल इस्थित द गंगा रिजॉर्ट में स्वर द सोल ऑफ म्यूजिक संस्था के ओर से भव्य गरबा-डांडिया महोत्सव के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम में सइयन लोगन के मौजूदगी रहल आ सभ केहू के

Share

गोरखपुर। तारामंडल इस्थित द गंगा रिजॉर्ट में स्वर द सोल ऑफ म्यूजिक संस्था के ओर से भव्य गरबा-डांडिया महोत्सव के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम में सइयन लोगन के मौजूदगी रहल आ सभ केहू के मन मोह लिहलस।

अहमदाबाद के प्रशिक्षक से सिखल लगभग 80 महिला लोग गरबा आ डांडिया के सानदार प्रस्तुति दिहल। कार्यक्रम में भइल महाआरती आ नृत्यांगनन के नवदुर्गा चित्रण खास आकर्षण रहल।

एह मौका पs मुख्य अतिथि महापौर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव रहलें। शहर के कइयन गाे जानल प्रतिष्ठित मेहमान लोग सामिल रहल। सभ केहू आयोजन के गोरखपुर के सांस्कृतिक पहचान के मजबूती देवे वाला कदम बतावल।

कार्यक्रम के सफलता में अलंकार ज्वेलर्स, रीगालिया बाय रेडिएंट, सम्मानिता बाय अनुराधा बुटीक सहित कइयन गो स्पॉन्सरन के जोगदान रहल। स्वर- द सोल ऑफ म्यूजिक के डायरेक्टर अर्पिता उपाध्याय सभे के आभार जतवलीं।

Read Also: Shami Breaks Silence : शमी बोललें- चयन हमरा हाथ में नइखे; रोहित के जगह गिल के नया वनडे कप्तान बनला पs कहलें ई बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.