[the_ad_group id="30365"]

Breaking : असम के तिनसुकिया में आर्मी कैंप पs आतंकी हमला, तीन जवान घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। असम केs तिनसुकिया जिला के काकोपाथर क्षेत्र में सुक के सबेरे आर्मी कैंप पs आतंकवादी हमला के खबर आइल। एह हमला में सेना के तीन जवान घायल हो गइल बा।

एह घटना के लेके सेना के एगो अधिकारी बतवलें कि सेना आ पुलिस आतंकवादियन के पकड़े खातिर इलाका में सर्चऑपरेशन सुरू कइले बा।

रात बारह बजे आतंकी कैंप पs कइले सs फायरिंग

रात 12.30 बजे के करीब कुछ आतंकवादी चलत गाड़ी से काकोपाथर कंपनी के जगह पs फायरिंग कइले सs। ड्यूटी पs मौजूद सैनिक तुरंत जवाबी कार्रवाई कइल लोग। हालांकि, आसपास के घरन के नुकसान से बचावे खातिर सावधानी बरतल गइल।

सेना के एगो अधिकारी बतावल लोग कि जवाबी कार्रवाई के बाद आतंकवादी ऑटोमैटिक हथियारन से जानबूझके फायरिंग कइला के बाद मौका से भाग गइल लोग।

हमला में जवानन के आइल मामूली चोट

बतावल गइल बा कि एह हमला में तीन जवान के मामूली चोट आइल बा। इलाका में पुलिस के संगे मिलके सर्चऑपरेशन चलावल जा रहल बा। ई इलाका असम आ अरुणाचल प्रदेश के बीच इंटरस्टेटबॉर्डर के लगे बा।

Read Also: CBSE : छव नवंबर से सुरू होई 10वीं आ 12वीं के प्रैक्टिकल परीक्षा, बोर्ड घोषित कइलस तिथि; देखीं नोटिस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]