Bihar Encounter : बिहार में डबल मर्डर के आरोपी पुलिस मुठभेड़ में घायल, पुलिस गाड़ी पs चलवलस गोली, दूनो गोड़ में लागल गोली

Share

हाजीपुर। वैशाली जिला के बिदुपुर थाना क्षेत्र के रजासन गांव में बीतल अतवार के भइल दोहरा हत्याकांड के मुख्य आरोपी जगदीश राय सोमार के पुलिस मुठभेड़ में घायल हो गइल। मुठभेड़ के दौरान पुलिस के जवाबी कार्रवाई में ओकरा दूनो गोड़ में गोली लागल, जवना के बाद ओकरा के इलाज खातिर सदर अस्पताल, हाजीपुर में भरती करावल गइल बा।

पुलिस के मोताबिक, मुठभेड़ के दौरान बदमाश पुलिस टीम पs फायरिंग कइलस। एह फायरिंग में पुलिस वाहन पs दू गो गोली लागल, बाकिर राहत के बात ई रहल कि कवनो पुलिसकर्मी घायल ना भइल।

आम के बगइचा में छुपल रहे आरोपी

पुलिस के गुप्त सूचना मिलल कि मुख्य आरोपी जगदीश राय बिदुपुर थाना क्षेत्र के दिलावरपुर पूर्वी गांव के आम के बगइचा में लुकाइल बा। सूचना मिलते पुलिस चारो ओर से इलाका के घेराबंदी कइलस। अपना के घिरल देख आरोपी पुलिस पs गोली चलावे लागल। पुलिस जवाबी कार्रवाई कइलस, जवना में जगदीश राय घायल हो गइल आ ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

जमीन विवाद में भइल रहे डबल मर्डर

जानकारी के अनुसार, रजासन गांव में जमीन आ रास्ता के लेके पुरान विवाद चलत रहे। बीतल अतवार के ई विवाद हिंसक हो गइल। आरोप जगदीश राय अपना पिता मुरली राय के संगे मिलके अपना चाचा मुनारीक राय आ चचेरा भाई जितेंद्र कुमार, जवन भारतीय सेना में जवान रहलें के गोली मारके हत्या कs  देलस। घटना के बाद से पुलिस लगातार आरोपी के तलाश में जुटल रहे।

पुलिस के घेराबंदी देख सुरू कइलस फायरिंग

एसपी शुभांक मिश्रा आ एसडीपीओ सुबोध कुमार के निरदेस पs बिदुपुर थाना पुलिस छापेमारी करत रजासन के लगे आरोपी के घेर लेलस। पुलिस के मोताबिक, घेराबंदी होत देख जगदीश राय ताबड़तोड़ फायरिंग सुरू कs देलस। जवाब में पुलिसो गोली चलवलस, जवना में आरोपी घायल हो गइल।

आरोपी पs पहिले से दर्ज बा कइयन गो गंभीर ममिला

पुलिस सूत्रन के अनुसार, जगदीश राय के आपराधिक इतिहास रहल बा। ओकरा खिलाफ हत्या सहित कइयन गो संगीन ममिला पहिले से दर्ज बा। पुलिस अब ओकरा से पूछताछ कs के एह दोहरा हत्याकांड में सामिल दोसर लोगन के भूमिका के जांच करत बिया। इलाका में शांति बेवस्था बनवले राखे खातिर अतिरिक्त पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा।

वैशाली के एसपी शुभांक मिश्रा बतवलें कि पुलिस टीम पs गोली चलावल गइल रहे, बाकिर कवनो पुलिसकर्मी के गोली ना लागल। पुलिस वाहन पs दू गो गोली लागल बा। घायल आरोपी के दूनो गोड़ के घुटना के लगे गोली लागल, जवन आर-पार निकल गइल बा। फिलहाल ओकर हालत सामान्य बा आ डॉक्टर लोगन के निगरानी में इलाज चल रहल बा। पुलिस पूरा घटना के जांच में जुटल बिया।

Read Also: Bihar : ई-रिक्शा चालक के बैंक खाता में 7 अरब रुपिया! के बनवलस एतना धनवान?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-