UP News : बरेली में एसआईआर अभियान में बीएलओ ड्यूटी के दौरान शिक्षक के मौत, हार्ट अटैक से गइल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

बरेली। मतदाता सूची के विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) अभियान में बीएलओ के ड्यूटी के दौरान शिक्षक सर्वेश कुमार गंगवार के मौत हो गइल। बुध के ड्यूटी के दौरान अचानक उनका हार्ट अटैक आ गइल। परिजन

Share

South Africa celebrates historic 2-0 clean sweep as Team India collapses in Guwahati Test during IND vs SA Test Series 2025.

बरेली। मतदाता सूची के विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) अभियान में बीएलओ के ड्यूटी के दौरान शिक्षक सर्वेश कुमार गंगवार के मौत हो गइल। बुध के ड्यूटी के दौरान अचानक उनका हार्ट अटैक आ गइल। परिजन आनन-फानन में उनका के लेके बरेली के मिनी बाईपास इस्थित प्रताप हॉस्पिटल पहुंचलें, जहां चिकित्सक उनका के मृत घोषित कs दिहल लोग।

डॉक्टर वीरेंद्र प्रताप गंगवार बतवलें कि शिक्षक के जब अस्पताल ले आवल गइल, ओकरा से पहिलही उनकर मौत हो गइल रहे। पुष्टि के बाद शव के लेके परिजन आ स्कूल स्टाफ वापस चल गइल लोग। भोजीपुरा थाना पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भेजले बा लोग। शिक्षक के मौत से उनका परिवार में कोहराम मच गइल बा।

Read Also: IND vs SA Test Series : घरेलु मैदान पs टीम इंडिया के सबसे बड़ झटका, साउथ अफ्रीका 2-0 से क्लीन स्वीप कइलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.