Bankipur ByElection : पहिले उम्मीदवार बदलल गइल, अब बायोडाटा पs बवाल, नामांकन से पहिले भाजपा पs जमके बरसल विपक्ष 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2026

पटना। बिहार के सबसे चर्चित आ हाईप्रोफाइल मानल जाये वाला बांकीपुर विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर आज सोमार के नामांकन दाखिल करे के आखिरी दिन बा। आज भाजपा के उम्मीदवार नीरज कुमार सिन्हा आ जन

Share

Bankipur Bypoll: BJP Faces Biodata Controversy Before Nomination

पटना। बिहार के सबसे चर्चित आ हाईप्रोफाइल मानल जाये वाला बांकीपुर विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर आज सोमार के नामांकन दाखिल करे के आखिरी दिन बा। आज भाजपा के उम्मीदवार नीरज कुमार सिन्हा आ जन सुराज पार्टी के संस्थापक प्रशांत किशोर आपन नामांकन दाखिल करी लो।

बाकिर नामांकन से ठीक पहिले भाजपा लगातार दूगो विवाद में फंसल नजर आ रहल बिया। पहिले पार्टी के आपन उम्मीदवार बदले के पड़ल आ अब नया उम्मीदवार के बायोडाटा पs सवाल उठ रहल बा। एह मुद्दा पs विपक्ष भाजपा के घेरले बा।

बांकीपुर सीट भाजपा के मजबूत गढ़ मानल जाला। पार्टी पहिले एह सीट से अभिषेक कुमार सिन्हा उर्फ बंटी के उम्मीदवार बनवले रहे।

बाकिर नामांकन से पहिले अभिषेक बंटी पारिवारिक कारण बतावत चुनाव ना लड़े के फैसला कइलें। एकरा बाद भाजपा उनका जगह नीरज कुमार सिन्हा के उम्मीदवार बना देलस।

राजनीतिक गलियारन में चरचा रहे कि अभिषेक बंटी के चुनाव से हटे के पीछे उनकर पिता रविंद्र प्रसाद के नाम बहुचर्चित करोड़न रुपिया के चारा घोटाला से जुड़ल होखे के ममिला प्रमुख कारण रहे। हालांकि, रविंद्र प्रसाद एह दावा के खारिज करत कहलें कि बेटा अपना माई-बाप के सम्मान खातिर चुनाव ना लड़े के फैसला कइले बा।

अब बायोडाटा पs उठल सवाल

उम्मीदवार बदलला के ममिला अभी शांतो ना भइल रहे कि भाजपा नया विवाद में घिर गइल। नया उम्मीदवार नीरज कुमार सिन्हा के बायोडाटा में दर्ज जानकारी पs विपक्ष सवाल खड़ा कs देलस।

पहिले जारी बायोडाटा में नीरज के जन्मतिथि 3 जुलाई 1994 लिखल रहे। ओही बायोडाटा में इहो लिखल रहे कि ऊ 2006 में भाजपा के प्राथमिक सदस्य बनल रहलें।

एह आधार पs विपक्ष पूछलस कि अगर जन्मतिथि सही बा, तs नीरज मात्र 12 साल के उमिर में भाजपा के प्राथमिक सदस्य कइसे बन गइलें? विपक्ष आरोप लगवलस कि भाजपा गलत जानकारी देके सच छिपावे के कोसिस करत बिया।

विवाद बढ़ला के बाद भाजपा नया संशोधित बायोडाटा जारी कइलस, जवना में प्राथमिक सदस्यता वाला जानकारी हटा दिहल गइल। एकरा बाद विपक्ष फेर भाजपा पs तथ्य बदले के आरोप लगा देलस।

विपक्ष के हमला

राजद के प्रदेश प्रवक्ता चित्तरंजन गगन कहलें कि उम्मीदवार बदलल आ बायोडाटा में फेरबदल से साफ पता चलता कि भाजपा बांकीपुर उपचुनाव के लेके दबाव में बिया।

उनकर कहनाम रहे कि ई सीट भाजपा खातिर प्रतिष्ठा के सवाल बन गइल बा, काहेकि पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन के राज्यसभा सदस्य बनला के बाद ई सीट खाली भइल रहे।

भाजपा के जवाब

भाजपा विपक्ष के सब आरोपन के खारिज कइले बिया। पार्टी के प्रदेश प्रवक्ता मनोज शर्मा कहलें कि बायोडाटा में भइल बदलाव खाली तकनीकी कारण से कइल गइल बा। विपक्ष बिना मतलब एह मामिला के राजनीतिक रंग देवे के कोसिस करत बा।

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में वृहद वृक्षारोपण अभियान 2026, फलदार आ छायादार पवधा लगावल गइल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.