Maharastra Accident : सीमेंट मिक्सर आ वैन के टक्कर में 11 लोग के मौत, 2 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 13, 2026

सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र के ठाणे जिला में सोमार के एगो भीषण सड़क हादसा हो गइल। जानकारी के अनुसार, वैन आ सीमेंट मिक्सर गाड़ी के आमने-सामने टक्कर में 11 लोग के मवके पs मौत हो गइल,

Share

Thane Accident: 11 Dead in Cement Mixer and Van Collision

सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र के ठाणे जिला में सोमार के एगो भीषण सड़क हादसा हो गइल। जानकारी के अनुसार, वैन आ सीमेंट मिक्सर गाड़ी के आमने-सामने टक्कर में 11 लोग के मवके पs मौत हो गइल, जबकि दूगो लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

ई हादसा सबेरे करीब 11:30 बजे मुरबाड के गोविली गांव में रैता पुल पs भइल। पुलिस के मोताबिक, विपरीत दिशा से आवत सीमेंट मिक्सर आ वैन के सीधा टक्कर हो गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि वैन में सवार 11 लोग के जान तुरंत चल गइल।

बचाव कार्य जारी

हादसा के बाद पुलिस तुरंत मवका पs पहुंच के राहत आ बचाव काम सुरू कइलस। पुलिस, बचाव दल आ मेडिकल टीम तेजी से घायलन के अस्पताल भेजे मृतकन के शव निकाले में जुटल बाड़ी सs।

एह हादसा के चलते पुल पs भारी ट्रैफिक जाम लाग गइल बा, जवना के धीरे-धीरे हटावे के कोसिस कइल जा रहल बा। प्रशासन पूरा ममिला के जांच में लाग गइल बा आ हादसा के कारण पता लगावे के कोसिस करत बा।

Read Also: Kanpur News : कानपुर किडनी ट्रांसप्लांट रैकेट के सरगना रोहित गिरफ्तार, डॉक्टर ना बलुक खाली 12वीं पास निकलल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.