बाबा’ अब एह समूचा बस्ती में चलवा देले बुलडोजर… जेवर एयरपोर्ट के लगवा बसतऽ रहे इ अवैध कॉलोनी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2024

Bulldozer News in UP : यूपी के अलगा-अलगा इलाका में अवैध कॉलनियनऽ पs योगी सरकार के बुलडोजर लगातार गरज रहलऽ बा । गाजियाबाद, नोएडा आ ग्रेटर नोएडा के जेवर एयरपोर्ट के लगवा कइ गो बसल-बसावल

Share

Bulldozer News in UP : यूपी के अलगा-अलगा इलाका में अवैध कॉलनियनऽ पs योगी सरकार के बुलडोजर लगातार गरज रहलऽ बा । गाजियाबाद, नोएडा आ ग्रेटर नोएडा के जेवर एयरपोर्ट के लगवा कइ गो बसल-बसावल बस्ती अब जमींदोज हो चुकलऽ बाड़े ।

Bulldozer News in UP : यूपी के गाजियाबाद, नोएडा आ ग्रेटर नोएडा में सरकारी जमीन के कब्जा मुक्त करावे के काम लगातार जारी बा । बुध के योगी सरकार पिछला कय साल से कब्जा मे बइठल बिल्डरन आ दबंगन के बसाये अवैध कॉलनियनऽ पs बुलडोजर चलवा देलखऽ. बुध के जहंवा गाजियाबाद के मोहन नगर जवन के अर्थला में सरकारी जमीन पs बुलडोजर चललऽ तऽ उहवें ग्रेटर नोएडा के जेवर एयरपोर्ट के लगवा बन रहलऽ अवैध कॉलोनियन के ध्वस्त करs देवलऽ गइलऽ । नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट के लगे जमीन के रेट बढ़ गइला के बाद अब अवैध कॉलोनियन बनावे के काम तेजी से चलतऽ रहे , जे पs अब प्रशासन के नजर बा।

 

गाजियाबाद, नोएडा आ ग्रेटर नोएडा सहित समूचा यूपी में कय गो अवैध कॉलोनियन के गिरावे खातिर प्रशासन के पूरा टीम मुस्तैदी से काम कर रहलऽ बा ।

अगर बात जेवर एयरपोर्ट इलाका के करी तऽ यहवां हो रहलऽ विकास पs अब बिल्डरन के नजर पड़ गइलऽ । बिल्डर अवैध रुप से जमीन काट के बेच रहलऽ बाड़े, के पs अब योगी सरकार सख्ती शुरू करs देले बाड़े । खुद एसडीएम आ तहसीलदार मउऽका पs मवजूद रही के अवैध कॉलनियन गिरववले । एह काम में स्थानीय स्तर पs प्रशासन के टीम रहे, वज्र वाहन आ अग्रिशामन गाड़ियो रहे ।

 

बुलडोजर के कार्रवाई लगातार जारी

बुध के ग्रेटर नोएडा के सबोता गांव में बुलडोजर के कार्रवाई भइल। इ इलाका जेवर थाना क्षेत्र में पड़ेला । प्रशासन के मानी तऽ पिछला एक महीना में करोड़रन रोपया के संपत्ति के अवैध कब्जाधारियनऽ से मुक्त करावल गइलऽ, दिल्ली एनसीआर के कय इलाका में खासकर गाजियाहाद, ग्रेटर नोएडा, ट्रांस हिंडन आ लोनी इलाका में भूमाफिया लगातार अवैध तरीका से सरकारी जमीनन पs कब्जा कर कॉलोनि बसा रहलऽ बाड़े

।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.