Ram Mandir Donation Theft : नौकरी के 27 दिन बादे चढ़ावा के रुपिया पs हाथ साफ करे लागल मनीष, बाकी आरोपियन के नौकरी के राज अभियो परदा में

By Shweta Supriya

Published on: Jul 8, 2026

अयोध्या। राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में हर दिन नया खुलासा हो रहल बा। एह ममिला में जवन टिन्नू के नाम सामने आइल रहे, ओकर भतीजा मनीष यादव पs अब गंभीर आरोप लागल बा। एसआईटी

Share

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.

अयोध्या। राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में हर दिन नया खुलासा हो रहल बा। एह ममिला में जवन टिन्नू के नाम सामने आइल रहे, ओकर भतीजा मनीष यादव पs अब गंभीर आरोप लागल बा। एसआईटी के प्राथमिक जांच रिपोर्ट के मोताबिक, मनीष नौकरी सुरू करे के महज 27 दिन बादे चढ़ावा के रुपिया के कथित चोरी आ गबन में सामिल हो गइल रहे।

नौकरी के कुछे दिन बाद चोरी के आरोप

रिपोर्ट के अनुसार, 15 अप्रिल 2026 के मनीष यादव के गणना कक्ष (काउंटिंग रूम) में संविदा पs नौकरी मिलल। एकरा बाद 11 मई से जुड़ल कइयन गो सीसीटीवी फुटेज में ऊ कथित तौर पs चढ़ावा के धनराशि के चोरी भा गबन करत लउकल।

जांच में इहो सामने आइल कि ऊ कथित तौर पs अनुकल्प गैंग से जुड़ गइल रहे, जवना पs चढ़ावा चोरी के मास्टरमाइंड होखे के आरोप बा।

चहेता लोगन के नौकरी दिलावे के आरोप सही निकलल

एसआईटी के प्राथमिक रिपोर्ट में एहु बात के पुष्टि भइल बा कि मंदिर में कुछ लोगन के सिफारिश पs नौकरी दिहल गइल बा।

हालांकि ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय आ ट्रस्टी डॉ. अनिल कुमार मिश्रा इस्तीफा दे चुकल बा लो आ एसआईटी चंपत राय के क्लीन चिट दे चुकल बिया, बाकिर जांच में चढ़ावा के धनराशि के रखरखाव बेवस्था में कइयन गो गंभीर गड़बड़ी सामने आइल बा।

ताऊ के सिफारिश पs मिलल नौकरी

जांच रिपोर्ट के मोताबिक, मनीष यादव के संविदा नौकरी उनकर ताऊ रमाशंकर यादव के सिफारिश पs मिलल रहे। रिपोर्ट में इहो लिखल बा कि नौकरी से जुड़ल दस्तावेज टिन्नू बैंक कर्मचारी रत्नेश चतुर्वेदी के देले रहे, जवना के बाद मनीष के गणना कक्ष में तैनात कइल गइल।

बाकी आरोपियन के नियुक्ति के जांच जारी

जांच से इहो साफ भइल बा कि गणना कक्ष के प्रभारी रहल पूर्व बैंक कर्मचारी सुभाष श्रीवास्तव के ई जिम्मेदारी ट्रस्टी डॉ. अनिल कुमार मिश्रा के सिफारिश पs मिलल रहे। हालांकि, अनुकल्प मिश्रा, लवकुश, अविनाश, रमाशंकर मिश्रा सहित बाकी आरोपियन के नौकरी आखिर कइसे मिलल, एह बात के जांच अभियो जारी बा।

बतावल जा रहल बा कि अनुकल्प मिश्रा के स्थानीय कइयन गो प्रभावशाली लोगन से करीबी संबंध रहे आ एगो नेता के सिफारिश पs ट्रस्ट में ओकर नियुक्ति भइल रहे।

पारदर्शिता के नियम के उल्लंघन के आरोप

एसआईटी रिपोर्ट के अनुसार, 6 फरवरी 2025 के ट्रस्ट आ बैंक के बीच गणना कर्मी के नियुक्ति खातिर पारदर्शिता संबंधी संयुक्त दिशा-निर्देश तय भइल रहे, बाकिर मनीष यादव सहित कइयन के नियुक्तियन में एह नियम के खुला उल्लंघन मिलल बा।

Read Also: Qatar LNG Tanker Attacked : LNG लदल कतर के जहाज पs होर्मुज में हमला, केहू के घायल होखे के खबर नइखे, भारत के आधिकारिक बयान के इंतजार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.