[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के 14 वां मुख्यमंत्री के रूप में आज शपथ लिहें हेमंत सोरेन, जानीं टाइमिंग आ डिटेल्स

हेमंत सोरेन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बियफ़ें के हेमंत सोरेन झारखंड के 14वां मुख्यमंत्री के शपथ लीहे। रांची के मोरहाबादी मैदान में शपथ ग्रहण समारोह के आयोजन कइल गइल बा. एह शपथ ग्रहण में ‘भारत’ गठबंधन के कई गो प्रमुख नेता आ गणमान्य लोग के शामिल होखे के उमेद बा. बियफ़ें के सांझ के चार बजे झारखंड के राज्यपाल संतोष कुमार गंगवार हेमंत सोरेन के पद अवुरी गोपनीयता के शपथ दिहे। हेमंत सोरेन चउथा बेर झारखंड के मुख्यमंत्री बन जइहें.  विधानसभा चुनाव में सोरेन भाजपा के गमलियाल हेम्ब्रम के 39,791 वोट के अंतर से हरा के बरहेट सीट जीत लिहले.

हेमंत जनता के दिहले बधाई

सोरेन कहले कि, हम झारखंड के जनता के आभारी बानी कि उs लोग हमनी के नेतृत्व पs लगातार विश्वास कईले। इs जीत जनता के आकांक्षा के झलकत बा अवुरी हमनी के ओकरा के पूरा करे के दिशा में काम करब, इs जनता के जीत अवुरी शांतिपूर्ण अवुरी प्रगतिशील झारखंड खातीर उनुका विजन के जीत हs।” सोरेन के पार्टी झारखंड मुक्ति मोर्चा के नेतृत्व वाला गठबंधन 81 सदस्यीय विधानसभा में 56 सीट हासिल कs के बड़ जीत हासिल कईले रहे, जबकि भाजपा के नेतृत्व वाली राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन (राजग) के 24 सीट मिलल रहे।

शपथ ग्रहण समारोह में शामिल हो सकेले इs नेता

शपथ ग्रहण समारोह में कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे, कांग्रेस नेता राहुल गांधी, राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (राकांपा) के प्रमुख शरद पवार, पश्चिम बंगाल की मुख्यमंत्री ममता बनर्जी, मेघालय के मुख्यमंत्री कोनराड संगमा, पंजाब के मुख्यमंत्री भगवंत मान अवुरी हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री सुखविंदर सिंह सुक्खू के एहमें शामिल होखे के संभावना बा.

शपथ ग्रहण समारोह में शामिल होखे के उमेद में अउरी प्रमुख नेता लोग में भाकपा (माले) लिबरेशन महासचिव दीपांकर भट्टाचार्य, आम आदमी पार्टी (आप) नेता अरविंद केजरीवाल, शिवसेना (उबाठा) नेता उद्धव ठाकरे, समाजवादी पार्टी प्रमुख अखिलेश यादव, पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी (पीडीपी) नेता महबूबा मुफ्ती, तमिलनाडु से उदयनिधि स्टालिन, कर्नाटक के उपमुख्यमंत्री डी के शिवकुमार अवुरी बिहार के विपक्षी नेता तेजस्वी यादव के एहमें शामिल होखे के संभावना बा.

सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]