Rekha Gupta : दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs हमला, साप्ताहिक जन सुनवाई के दौरान शख्स मरलस थप्पड़

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

नई दिल्ली।  दिल्ली की मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs हमला के खबर बा। दिल्ली सीएम हाउस में ई घटना घटल बा। सीएम हाउस में मुख्यमंत्री रेखा जनसुनवाई करत रहली। एही दौरान 35 साल के एगो शख्स

Share

नई दिल्ली।  दिल्ली की मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs हमला के खबर बा। दिल्ली सीएम हाउस में ई घटना घटल बा। सीएम हाउस में मुख्यमंत्री रेखा जनसुनवाई करत रहली। एही दौरान 35 साल के एगो शख्स हमला कइलस। पुलिस आरोपी हमलावर के गिरफ्तार कs लेले बिया।

भाजपा बतवलस कि दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs बियफे के सबेरे सिविल लाइंस इस्थित उनका सरकारी आवास पs आयोजित ‘जन सुनवाई’ कार्यक्रम के दौरान कथित तौर पs हमला भइल। एह पूरा घटना के भारतीय जनता पार्टी निंदा कइले बिया।

दिल्ली भाजपा अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेवा साप्ताहिक जनसुनवाई के दौरान मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs भइल हमला के कड़ा निंदा कइलें। पार्टी सूत्र बतावल लोग कि सीएम गुप्ता पs लगभग 35 साल के एगो व्यक्ति हमला कइले बा।

जानकारी मिलल बा कि जन सुनवाई के दौरान हमलावर पहिले मुख्यमंत्री गुप्ता के कुछ कागज देलस आ फेर कथित तौर पs उनका पs हमला कs देलस। दिल्ली पुलिस सीएम आवास पs जनसुनवाई के दौरान दिल्ली के सीएम रेखा गुप्ता पs हमला के सिलसिला में एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइले बिया, हमलावर के सिविल लाइंस पुलिस स्टेशन ले जाइल गइल बा।

ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा : देवेंद्र यादव

दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता पs मुख्यमंत्री आवास पs जनसुनवाई के दौरान भइल हमला पs दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष देवेंद्र यादव कहलें कि “ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा। मुख्यमंत्री पूरा दिल्ली के नेतृत्व करेली आ हमरा लागत बा कि अइसन घटना के जेतना निंदा कइल जाव, ओतने कम बा। बाकिर ई घटना महिला सुरक्षा के पोल खोल रहल बा। जदि दिल्ली के मुख्यमंत्री खुद सुरक्षित नइखी, तs आम आदमी भा आम महिला कइसे सुरक्षित रह सकत बिया?”


जनसुनवाई के दौरान दिल्ली के सीएम रेखा गुप्ता पs हमला के चश्मदीद सामने आइल बाड़ी। घटना के दौरान मवका पs मवजूद चश्मदीद अंजलि कहली कि “ई गलत बा। जनसुनवाई के अधिकार सभका बा। जदि कवनो धोखेबाज उनका के थप्पड़ मार सकत बा, तs ई बहुत बड़ बात बा, हम उहवे रहनी। उ व्यक्ति बोलत रहे आ उ अचानक थप्पड़ मार देलस। पुलिस ओकरा के ले गइल बिया।


साभार : अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.