Army Agniveer Result 2026 : इंडियन आर्मी अग्निवीर के रिजल्ट आइल, रीजन वाइज एह तरे देखीं आपन नतीजा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2026

एजुकेशन डेस्क। इंडियन आर्मी अग्निवीर कॉमन एंट्रेंस एग्जाम (CEE) 2026 में सामिल लाखन अभ्यर्थियन खातिर बड़ खबर बा। भारतीय सेना 12 जुलाई के अग्निवीर भर्ती परीक्षा 2026 के रिजल्ट जारी कs देले बिया। अब उम्मीदवार

Share

Army Agniveer Result 2026 Released – Region-Wise Merit List

एजुकेशन डेस्क। इंडियन आर्मी अग्निवीर कॉमन एंट्रेंस एग्जाम (CEE) 2026 में सामिल लाखन अभ्यर्थियन खातिर बड़ खबर बा। भारतीय सेना 12 जुलाई के अग्निवीर भर्ती परीक्षा 2026 के रिजल्ट जारी कs देले बिया। अब उम्मीदवार भारतीय सेना के आधिकारिक वेबसाइट joinindianarmy.nic.in पs जा के आपन रिजल्ट ऑनलाइन देख सकत बाड़ें।

गौरतलब बा कि अग्निवीर CEE परीक्षा के आयोजन 1 जून से 15 जून 2026 तक देसभर के अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs करावल गइल रहे। परीक्षा खतम होखला के बाद अभ्यर्थी बेसब्री से रिजल्ट के इंतजार करत रहलें, जवन अब खतम हो गइल बा।

रीजन वाइज जारी भइल रिजल्ट

भारतीय सेना अबकि बेर रिजल्ट Army Recruiting Zone (ARO) के हिसाब से जारी कइले बिया। उम्मीदवार जवन रीजन से परीक्षा देले रहे, ओही जोन के मेरिट लिस्ट डाउनलोड कs के अपना रोल नंबर के जांच कs सकत बाड़ें।

एह तरे से डाउनलोड करीं मेरिट लिस्ट

  • सबसे पहिले भारतीय सेना के आधिकारिक वेबसाइट joinindianarmy.nic.in पs जाईं।
  • होम पेज पs CEE Results वाला लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब अपना Army Recruiting Zone (ARO) के सामने दिहल PDF लिंक पs क्लिक करीं।
  • मेरिट लिस्ट के PDF खुल जाई, एकरा के डाउनलोड कs लीं।
  • PDF में आपन रोल नंबर खोजीं।
  • जदि PDF में बहुत रोल नंबर होखे तs Ctrl + F दबा के सर्च बॉक्स में आपन रोल नंबर लिख दीं। एकरा से आसानी से अपना रिजल्ट तक पहुंच सकेम।

सफल उम्मीदवार अब फिजिकल टेस्ट दी लोग

जवना उम्मीदवारन के रोल नंबर मेरिट लिस्ट में सामिल बा, ऊ अग्निवीर भर्ती प्रक्रिया के अगिला चरण खातिर क्वालिफाई मानल जाई लोग। अब ई अभ्यर्थी शारीरिक दक्षता परीक्षा (Physical Fitness Test) में हिस्सा ली लोग। फिजिकल टेस्ट के तारीख भारतीय सेना बाद में घोषित करी।

एह पदन पs होई भरती

एह भरती अभियान के तहत अग्निवीर जनरल ड्यूटी (GD), अग्निवीर टेक्नीशियन, अग्निवीर ट्रेड्समैन (8वीं आ 10वीं), अग्निवीर क्लर्क/SKT, महिला मिलिट्री पुलिस (GD), SOL Tech (NA), हवलदार एजुकेशन (IT/साइबर), सिपाही फार्मा, JCO (पंडित, ग्रंथी, मौलवी, पादरी, बुद्धिस्ट), JCO कैटरिंग आ Havildar Survey Auto Carto सहित कइयन गो पदन पs नियुक्ति कइल जाई। अब सफल अभ्यर्थियन के नजर भरती प्रक्रिया के अगिला चरण माने फिजिकल टेस्ट आ मेडिकल जांच पs टिकल बा।

Read Also: Delhi News : दिल्ली में लॉरेंस बिश्नोई गैंग के तीन शूटर गिरफ्तार, बड़ वारदात करे के साजिश भइल नाकाम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.