पीएचडी प्रवेश परीक्षा के आवेदन के तारीख विस्तारित: 23 दिसंबर तक ऑफलाइन मोड में भरल जाई फॉर्म, मास्टर डिग्री में 55% अंक अनिवार्य

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2024

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में पीएचडी प्रवेश एग्जाम के आवेदन के तारीख के विस्तारित कइल गइल बा। अब अभ्यर्थी 23 दिसंबर तक पीएचडी प्रवेश परीक्षा खातिर आवेदन कs सकत बा। जवना के लेके जय प्रकाश

Share

PHD Enterance Exam

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में पीएचडी प्रवेश एग्जाम के आवेदन के तारीख के विस्तारित कइल गइल बा। अब अभ्यर्थी 23 दिसंबर तक पीएचडी प्रवेश परीक्षा खातिर आवेदन कs सकत बा। जवना के लेके जय प्रकाश विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग पत्र जारी कइले बा।

बता दीं कि पैट 2023 खातिर नवंबर महीना में आवेदन बंद कs दिहल गइल रहे। बाकिर ऑनलाइन आवेदन के चलते टेक्निकल प्रॉब्लम हो गइल रहे, जवना के लेके कम संख्या में आवेदन मिलल रहे। आवेदन के संख्या के ध्यान में रखत तारीख के विस्तारित कइल गइल बा। जे अभ्यर्थी पहिले फॉर्म भर देले बा, ओकरा के दुबारा फॉर्म नइखे भरे के।

पीएचडी प्रवेश परीक्षा: एसटी खातिर 5% अंकन के छूट

पीएचडी प्रवेश परीक्षा खातिर यूजीसी सेवन पॉइंट स्केल अथवा ग्रेडिंग सिस्टम के तहत एक पॉइंट स्केल में समकक्ष ग्रेड में कम से कम 55 फीसदी अंकन के संगे मास्टर डिग्री भा एकरा समकक्ष ग्रेड बी होखल जरुरी बा। अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, इबीसी, बीसी, इडब्ल्यूएस आ दिव्यांग श्रेणी के उम्मीदवारन खातिर पांच प्रतिशत अंकन के छूट रही।

हालांकि, ऑफलाइन मोड में फॉर्म भरला के बाद सब डॉक्यूमेंट के हार्ड कॉपी के संगे विश्वविद्यालय में निर्धारित शुल्क के संगे संलग्न करे के होई। फॉर्म विश्विद्यालय के ऑफिसियल वेबसाइट पs उपलब्ध बा। जहां से डाउनलोड कs के सही तरीका से भरे के होई।

Read Also: Realme 14x लॉन्च: IP69 रेटिंग वाला सबसे सस्ता फोन, मिली 6000mAh बैटरी आ 45W चार्जिंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.