India-Pakistan Tension : आर्मी चीफ के ‘ट्रेलर’ वाला बयान से पाकिस्तान दहलल- रक्षा मंत्री बोललें- भारत फेर हमला कs सकेला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

नई दिल्ली। भारतीय सेना प्रमुख जनरल उपेंद्र द्विवेदी के “88 घंटा वाला ऑपरेशन सिंदूर तs ट्रेलर रहे” वाला बयान से पाकिस्तान में हड़कंप मच गइल बा। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ खुल्लमखुल्ला कs देलें

Share

Pakistan Defence Minister Khawaja Asif expressing fear after Indian Army Chief’s warning on cross-border terrorism

नई दिल्ली। भारतीय सेना प्रमुख जनरल उपेंद्र द्विवेदी के “88 घंटा वाला ऑपरेशन सिंदूर तs ट्रेलर रहे” वाला बयान से पाकिस्तान में हड़कंप मच गइल बा। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ खुल्लमखुल्ला कs देलें कि भारत सीमा पार हमला कs सकेला। उनकर कहनाम बा कि पाकिस्तान, भारतीय आर्मी चीफ के चेतावनी के नजरअंदाज ना कs सकेला।

भारत के चेतावनी से बढ़ल पाकिस्तानी डर

जनरल उपेंद्र द्विवेदी साफ-साफ चेतावनी देलें कि पाकिस्तान अगर सीमा पार आतंकवाद ना रोकी, तs भारत फेर जिम्मेदारी से अपना पड़ोसी देस के सबक सिखावे के पूरा तइयारी में बा। उनकर “ट्रेलर” वाला बयान पाकिस्तानी सत्ता गलियारा में डर पैदा कs देले बा।

इहे डर मंगर के इंटरव्यू में पाक रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ के जुबान पs साफ झलक गइल। ऊ कहलें कि भारत हर वक्त हमला कs सकेला आ पाकिस्तान के सतर्क रहल जरूरी बा।

‘अफगानिस्तान आतंकवादियन के अड्डा’

पाकिस्तान के टीवी चैनल पs बात करत ख्वाजा आसिफ भारत पs बिना आधार के आरोप लगावत कहलें कि भारत अफगानिस्तान के सहारा देके पाकिस्तान में घुसपैठ करावत बा। ऊ दावा कइलें कि सऊदी, यूएई, ईरान, चीन सहित कइयन देस पाकिस्तान के सीमा पार आतंकी सेंधमारी रोकल चाहत बा।

आगे ऊ कहलें कि अफगानिस्तान “आतंकवादियन के अड्डा” बन गइल बा, आउर भारत एह में भूमिका निभावत बा- जबकि एह बात के सबूत पाकिस्तानी मंत्री कबो नइखन देले।

भारत पs भरोसा ना- पाक के नया राग

ख्वाजा आसिफ इहो बोलेलें कि पाकिस्तान दुगो मोर्चा- भारत आ अफगानिस्तान पs फंस सकेला आ भारत एह इस्थिति के फायदा उठाके युद्ध से बच सकेला। ऊ दावा कइलें कि पाकिस्तान भारत पs तनिको भरोसा ना कs सकेला, आ भारत कबो हमला कs सकेला।

फलस्तीन मुद्दा आ अब्राहम समझौता

गाजा संकट पs आसिफ के कहनाम बा कि पाकिस्तान अंतरराष्ट्रीय बल के हिस्सा बने के पक्ष में बा। ऊ साफ कहलें कि पाकिस्तान अब्राहम समझौता में सामिल नइखे होखे वाला, जब तक कि फलस्तीन खातिर “दुगो राष्ट्र समाधान” लागू ना हो जावs।

‘टिक-टिक करत बम’ – पाकिस्तान के अंदरूनी संकट

ख्वाजा आसिफ देस के तीव्र जनसंख्या बढन्ती के “टिक-टिक करत बम” बतवलें। ऊ कहलें कि पाकिस्तान में नौकरशाही सबसे ताकतवर संस्था बन गइल बा आ जब तक असली शक्ति चुनल गइल प्रतिनिधियन के ना मिली, तब तक देस के कवनो समस्या सही से ना सुलझी।

Read Also: 19 नवंबर 2025 के राशिफल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.