हैदराबाद। तेलंगाना में एगो पुलिस अधिकारी के खिलाफ आय से जादे संपत्ति के बड़ ममिला सामने आइल बा। तेलंगाना एंटी करप्शन ब्यूरो (ACB) के कार्रवाई में डिप्टी सुपरिटेंडेंट ऑफ पुलिस संकीरेड्डी भीम रेड्डी के कथित तौर पs करीब 300 करोड़ रुपिया के संपत्ति के खुलासा भइल बा। एह ममिला में पुलिस अधिकारी के सोमार के सांझ गिरफ्तार कs लिहल गइल।
घर से गिरफ्तार भइलें DSP
संकीरेड्डी भीम रेड्डी हैदराबाद में पुलिस कंप्यूटर सर्विसेज में DSP के पद पs तैनात रहलें। उनकर गिरफ्तारी इब्राहिमबाग इस्थित वेसेला मीडोज में मवजूद उनकर आवास से सांझ करीब 7 बजे कइल गइल।
300 करोड़ रुपिया के कथित गैरकानूनी संपत्ति
जांच एजेंसी के आरोप बा कि भीम रेड्डी के लगे करीब 300 करोड़ रुपिया के कथित गैरकानूनी संपत्ति बा। एमे कइयन गो संपत्ति तेलंगाना आ कर्नाटक में उनकर रिश्तेदार, दोस्त, कथित बेनामीदार आ सहजोगियन के नाम पs किनल गइल बा।
ACB के छापेमारी में रेड्डी के घर से 3.60 लाख रुपिया नकद, 2 किलो सोना के गहना आ करीब 20 किलो चांदी के सामान बरामद भइल। ओकरा से जुड़ल एगो कथित बेनामीदार के घर से 40 लाख रुपिया नकद मिलल। एकरा अलावे बैंक खाता में करीब 20 लाख रुपिया के जमा राशि के जानकारी मिलल बा।
कइयन शहर में संपत्ति के लमहर सूची
ACB के मोताबिक, भीम रेड्डी के नाम आ कथित बेनामी लोगन के नाम पs कइयन गो कीमती संपत्ति मिलल बा। एमे इब्राहिमबाग में एगो आलीशान विला, टेलीकॉम नगर में मकान आ फ्लैट, गाचीबोवली में फ्लैट, लैंकोहिल्स रोड पs कमर्शियल कॉम्प्लेक्स, मणिकोंडा में कमर्शियल स्पेस सामिल बा।
एकरा से अलग तेल्लापुर में दूगो लग्जरी फ्लैट, प्रगति रिसॉर्ट्स के लगे प्लॉट, जहीराबाद में 3.5 एकड़ खेती के जमीन, कर्नाटक में 44 एकड़ खेती के जमीन, बेंगलुरु के देवनहल्ली में एक एकड़ जमीन, नागोल में प्लॉट, पटनचेरु, मोमिनपेट आ दुसरका इलाका में कइयन गो जमीन आ निवेश के जानकारी सामने आइल बा।
डायरी से खुलल कइयन गो राज
बतावल जा रहल बा कि 2 जुलाई के ACB भीम रेड्डी से जुड़ल 16 जगह पs एक संगे छापेमारी कइले रहे। एह दौरान जांच अधिकारियन के एगो हाथ से लिखल निजी डायरी मिलल, जवना में संपत्ति, निवेश, करजा आ कथित बेनामी लोगन के नाम दर्ज रहे।
जांच में ई बात सामने आइल बा कि मई महीना में पत्नी के संगे चारधाम यात्रा पs जाये से पहिले भीम रेड्डी एह डायरी के लिखके ओकर स्कैन कॉपी व्हाट्सएप के माध्यम से अपना दुनु बेटा के भेजले रहे।
जांच जारी बा
फिलहाल ACB पूरा ममिला के जांच में जुटल बा। जांच एजेंसी अब डायरी में दर्ज जानकारी, बैंक लेन-देन, संपत्ति के दस्तावेज आ कथित बेनामीदार लोगन के भूमिका के जांच करत बा। एह ममिला में आगे आउर खुलासा होखे के संभावना जतावल जा रहल बा।









