Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Acid Attack : देवरिया में दु गो लड़िकियन प बाइक सवार तीन युवक कइलस तेजाब से हमला, हालत गंभीर

528

देवरिया में दू गो लड़िकियन प एसिड हमला हो गइल । दुनो के इलाज चलत बा। जे में से खाली एगो हालत गंभीर बतावल जाता। देवरिया में दू गो लड़िकियन प एसिड अटैक के मामिला सोझा आइल बा । दुनो लईकी साइकिल से अस्पताल जात रहली। तब बाइक सवार युवक ओ लोग प तेजाब फेंक देले। अचानक भइल हमला के चलते लईकी बहुत जादे जर गइल। स्थानीय लोग के मदद से पुलिस दुनो लोग के निजी अस्पताल में भर्ती करवलस। एगो लईकी के हालत गंभीर बतावल जाता। दुनो के फिल्हाल गौरीबाजार के निजी अस्पताल से गोरखपुर मेडिकल कालेज रेफर क देवल गइल बा ।

अस्पताल जात घरी हमला कर दिहल गइल

देवरिया के गौरीबाजार थाना क्षेत्र के देवगांव के दु गो लइकी गुरुवार के साइकिल से अस्पताल जात रहली। जइसे उ गौरीबाजार हाटा मार्ग पहुंचल रहली कि बाइक प सवार एगो युवक उनका नजदीक आके बोतल में राखल तेजाब फेंक देलस। लइकिन के चिल्लाहट के आवाज सुन के स्थानीय लोग अइले। उ युवक के पीछा करे के कोशिश कइले। बाकी उ लोग ओकरा के ना पकड़ पवले।

लइकी के पिता के बयान के आधार प FIR दर्ज 

गंभीर ज़ख्मी पीड़िता के पिता के आरोप लगवले की आपसी रंजिश के लेके उनका गांव के रहनिहार दारा सिंह आ दाेसरा गांव के ओकर दोस्त शेखर भ अन्य के संगे मिल के एह घटना के अंजाम देलख। युवती के पिता के तहरीर प पुलिस तीनों युवक प अलगा – अलगा धारा में केस दर्ज़ कइलस।

देर शाम एसओजी आ थाना गौरीबाजार के संयुक्त टीम सूचना प गुरुचघाट के नीयरा चेकिंग करत रहे।

एह दौरान एगो बाइक प तीन युवक पुलिस के देख भागे के कोशिश कइलख,पुलिस जब पीछा कइलस त तीनों गिर गइल आ पुलिस प गोली से हमला करे लागल।

पुलिस के जवाबी कारवाई में शेखर पुत्र शंकर निवासी लंगड़ी देवकुंवा गौरीबाजर आ दारा सिंह पुत्र स्व. किशुन सिंह निवासी देवगांव गौरीबाजा के गोड में गोली लागल। उहवें तीसरका अभियुक्त फरार हो गइल । मौका प पुलिस दु गो तमंचा बरामद कइले बिया। पुलिस दुनो घायल अभियुक्तन के गिरफ्तार कर जिला चिकित्सालय में भर्ती करवले बिया।

788860cookie-checkAcid Attack : देवरिया में दु गो लड़िकियन प बाइक सवार तीन युवक कइलस तेजाब से हमला, हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.