पंजाब : ‘आप’ विधायक गुरप्रीत गोगी के गोली लगले से मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2025

लुधियाना पश्चिम क्षेत्र से आम आदमी पार्टी के विधायक गुरप्रीत गोगी के गोली लगला के बाद मृत घोषित कs दिहल गईल। अधिकारी के मुताबिक इs घटना बुध के रात के करीब आधा रात के भईल।

Share

गुरप्रीत गोगी

लुधियाना पश्चिम क्षेत्र से आम आदमी पार्टी के विधायक गुरप्रीत गोगी के गोली लगला के बाद मृत घोषित कs दिहल गईल। अधिकारी के मुताबिक इs घटना बुध के रात के करीब आधा रात के भईल। गोगी के तुरंत डीएमसी अस्पताल ले आवल गईल, जहां उनुका के मृत घोषित कs दिहल गईल।
डीसीपी जस्करन सिंह तेजा बतवले कि गुरप्रीत गोगी के अस्पताल में मृत घोषित कs दिहल गईल बा। अभी लाश के शवदाह गृह में राखल गईल बा। रात के करीब 12 बजे भईल इs घटना। डॉक्टर पोस्टमार्टम करीहे अवुरी ओकरा बाद मउत के सही कारण के पता चल जाई।

डीसीपी जसकरन सिंह तेजा बतवले कि उs (गुरप्रीत गोगी) रोज निहन अपना कमरा में खाना खईले अवुरी रोजमर्रा के काम के करत रहले। अचानक गोली चल गईल, जवना के बाद इs घटना भईल। शव के पोस्टमार्टम करावल जाई।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.