दिल्ली के फैक्ट्री में आग लगले से भइल जोरदार धमाका, इमारत गिरल; आसमान में उठल धुआ के गुबार

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2025

राजधानी दिल्ली के बवाना इलाका से एह घरी बड़हन खबर सामने आ रहल बा. दिल्ली के बवाना इलाका में शनिचर के सबेरे एगो फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल. आग के ई घटना डीएसआईडीसी बवाना

Share

राजधानी दिल्ली के बवाना इलाका से एह घरी बड़हन खबर सामने आ रहल बा. दिल्ली के बवाना इलाका में शनिचर के सबेरे एगो फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल. आग के ई घटना डीएसआईडीसी बवाना के सेक्टर 2, जे-10 से बतावल जा रहल बा। जानकारी के मुताबिक सबेरे करीब 4:48 बजे अचानक एगो फैक्ट्री में आग लाग गईल। आग एतना तेज रहे कि फैक्ट्री के भवन में विस्फोट हो गईल। एह विस्फोट के चलते इमारत भी गिर गईल। आग लगला के बारे में दमकल विभाग के जानकारी दिहल गईल। जानकारी मिलते दमकल विभाग के टीम भी मौका पs पहुंच गईल। 

दमकल विभाग के टीम मौजूद बा

फिलहाल आग के नियंत्रण में 17 फायर ब्रिगेड के गाड़ी के तैनात कईल गईल बा। दमकलकर्मी आग पs काबू पावे के कोशिश में लागल बाड़े। हालांकि ई तs बढ़िया बात बा कि अबहीं ले एह हादसा में केहू के घायल भा मउत के खबर नइखे. फिलहाल मामला के जांच भी हो रहल बा। आग लागे के कारण के बारे में अबे ले कुछूओ साफ नईखे भईल। आग पs काबू में अईला के बाद एकर विस्तार से जांच कईल जाई। जब से आग लागल बा तबसे इलाका में दूर से धुआं देखाई देता।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.