महाकुंभ जात 8 युवा लोग के सड़क हादसा में मउत, 5 दोस्तन के एके साथे जलल चिता

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 8, 2025

राजस्थान के भीलवाड़ा जिला के मंडलगढ़ विधानसभा क्षेत्र के 8 युवा दोस्त महाकुंभ स्नान करे खातिर कार में जात रहले।  एही बीच बियफ़ें के जयपुर के दूदू में भईल सड़क दुर्घटना में सभके मउत हो

Share

महाकुंभ जात 8 युवा लोग के सड़क हादसा में मउत

राजस्थान के भीलवाड़ा जिला के मंडलगढ़ विधानसभा क्षेत्र के 8 युवा दोस्त महाकुंभ स्नान करे खातिर कार में जात रहले।  एही बीच बियफ़ें के जयपुर के दूदू में भईल सड़क दुर्घटना में सभके मउत हो गईल।  मरेवाला लोग के शव के अंतिम संस्कार बियफे के दिने मूल गाँव बडलियास, फलासिया आ मुकुंदपुरिया में गंभीर माहौल में करावल गइल.  आजु बडलियास गाँव के मोक्ष धाम में जब एक साथ 5 गो चिता जरावल गइल तs सभकर आँख नम हो गइल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

मउका पs सभके मउत हो गईल

बियफ़ें के सबेरे 8 दोस्त ईको कार से महाकुंभ स्नान खातिर रवाना भईल रहले, बाकिर रास्ता में बस से टक्कर के चलते गाड़ी में सवार सभ दोस्त के दुखद मउत हो गईल।  दूदू उप जिला अस्पताल में पोस्टमार्टम कईला के बाद शुक के सबेरे सभ मतृकों के शव मांडलगढ़ विधानसभा क्षेत्र के अपना पैतृक गांव बडलियास, फलासिया आ मुकंदपुरिया में ले आवल गईल।  एहमें से पांच गो मरे वाला युवक दिनेश, नारायण, रविकांत, किशनलाल आ मुकेश बडलियास गाँव के निवासी रहलें.  मरेवाला दु जने फलासिया अवुरी एक मरेवाला मुकुंदपुरिया गांव के निवासी रहले।  एह सब के शव अपना पैतृक गाँव में ले आवल गइल आ अंतिम संस्कार दुखत माहौल में कइल गइल.  अचानक भईल एs दुर्घटना के बाद जब बडलियास गांव के पांच जवान दोस्त के शव एक संगे पहुंचल तs गांव के सभ लोग के आंख नम हो गईल।  उनुकर अंतिम संस्कार मोक्ष धाम में हजारों लोग के मौजूदगी में कईल गईल।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! पढ़ी युसूफ़ ख़ान के दिलीप कुमार बनले के पूरा सफर

बडलियास कस्बा बंद रहे

पांच युवक के मउत के चलते बडलियास कस्बा पूरा तरीका से बंद रहे।  कस्बा के निवासी बाजार के बंद रखले अवुरी अंतिम संस्कार में भाग लेले। टोला में एको चूल्हा भी ना जरावल गईल।

कलेक्टर सांत्वना दिहले

भीलवाड़ा के जिलाधिकारी जसमीत सिंह संधू बडलियास गांव के मोक्षधाम पहुंचले जहां उs पांचों मातृकन के परिवार के अंतिम संस्कार में शामिल भईला के बाद दिलासा देले।  एह दौरान कलेक्टर जल्दिए राज्य सरकार से उचित मुआवजा देवे के भरोसा भी देले।  

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.