[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG: 12.5 ओवर में 133 रन के लक्ष्य हासिल कs के टीम इंडिया बनवलस कीर्तिमान

IND vs ENG: 12.5 ओवर में 133 रन के लक्ष्य हासिल कs के टीम इंडिया बनवलस कीर्तिमान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


खेल डेस्क : भारत पांच मैचन के टी20 सीरीज के पहिला मुकाबला में इंग्लैंड के सात विकेट से हरा देलस। 133 रन के लक्ष्य के भारतीय टीम 12.5 ओवर में हासिल कs लिया। ई टी20 अंतरराष्ट्रीय में 130 से ज्यादा रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत के सबसे कम ओवरन में जीत बा। टीम इंडिया एह ममिला में चार साल पुरान रिकॉर्ड तुड़ देलस।

सबसे तेज 130+ रन के चेज

दरअसल, एकरा पहिले टी-20 अंतरराष्ट्रीय में 130 से जादे रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत के सबसे कम ओवर में चेज के रिकॉर्ड 15.2 ओवर के रहे। भारत अइसन 2021 में नामीबिया के खिलाफ कइले रहे। ओहिजा, 2024 में टीम इंडिया ने जिम्बाब्वहू के खिलाफ 15.2 ओवर में 130+ रन के लक्ष्य के पीछा कइले रहे। इंग्लैंड के खिलाफ कोलकाता टी20 में भारत एह सब रिकॉर्ड के पीछे छोड़ देले रहस। अभिषेक शर्मा के तूफानी पारी आ वरुण चक्रवर्ती के फिरकी ने इंग्लैंड के हार माने पs मजबूर कs देलस।

अर्शदीप-हार्दिक खास लिस्ट में

इंग्लैंड टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी कइले रहे। एह मैच में अर्शदीप सिंह आ हार्दिक पांड्या खास उपलब्धि हासिल कइल लो। अर्शदीप टी20 अंतरराष्ट्रीय में भारत खातिर सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज बन गइलें। उनका नावे 97 विकेट बा। अर्शदीप चहल के पीछे छोड़लें। चहल के नावे 96 विकेट बा। हार्दिक लिस्ट में तीसरका नंबर पs पहुंच गइलें। उनका नावे 91 आ भुवनेश्वर कुमार के नावे 90 विकेट बा। वरुण चक्रवर्ती तीन विकेट लेलें, जबकि अर्शदीप सिंह, हार्दिक पांड्या आ अक्षर पटेल के दु-दु विकेट मिलल। एकरा के बदौलत इंग्लैंड के टीम 132 रन बना सकल। इंग्लिश टीम खातिर कप्तान जोस बटलर सबसे जादे 68 रन बनवलें।

अभिषेक के तूफानी पारी

जवाब में भारत अभिषेक शर्मा के विस्फोटक पारी के बदौलत जीत हासिल कइलस। अभिषेक 20 गेना में अर्धशतक जड़लें, जवन कि टी20 में भारत खातिर भारतीय मैदान पs संयुक्त रूप से तीसरका सबसे तेज अर्धशतक हs। अभिषेक 34 गेना में पांच चौका आ आठ छक्का के मदद से 79 रन के पारी खेलले। संजू सैमसन 26 रन बनवलें। तिलक वर्मा 19 रन आ हार्दिक पांड्या तीन रन बनाके नाबाद रहलें। अगिला टी20 25 जनवरी के चेन्नई में खेलल जाई।

T20I में भारत में सबसे तेज अर्धशतक

गेंदखिलाड़ीखिलाफजगहसाल
18सूर्यकुमार यादवदक्षिण अफ्रीकागुवाहाटी2022
19गौतम गंभीरश्रीलंकानागपुर2009
20अभिषेक शर्माइंग्लैंडकोलकाता2025
20युवराज सिंहश्रीलंकामोहाली2009

Read Also: “व्हीकल आई सेंसर” सिस्टम से सड़क दुर्घटनन पs लागी राेक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]