एके क्लिक में जानीं अब तक के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2022

यूक्रेन के फौज आम लोगन से कहलस- जहां रूस के टैंक लउके, ओजा के सड़क खोद दs लो, अगरी-कगरी के गाछन में आग लगा देहल जाव। UP के 61 सीट पs वोटिंग चालू बा, पांचवा

Share

  1. यूक्रेन के फौज आम लोगन से कहलस- जहां रूस के टैंक लउके, ओजा के सड़क खोद दs लो, अगरी-कगरी के गाछन में आग लगा देहल जाव।
  2. UP के 61 सीट पs वोटिंग चालू बा, पांचवा चरण के चुनाव से पहिले राजा भइया कहले- एचएम अखिलेस के CM ना बने देम।
  3. आपरेशन गंगा- रोमानिया आ हंगरी के रास्ता से 3 गो फ्लाइट से देस लवटले 709 छात्र, भारत माता के जय के लागल नारा
  4. टी-20 में टीम इंडिया के लगातार 11वां जीत।
  5. दुसरका टी-20 में श्रीलंका के 7 विकेट से हरा भारत के सीरीज पs कब्जा। श्रेयस, संजु आ जडेजा के तूफान का सोझा उड़ल श्रीलंका।
  6. सीतारमण कहली- वृद्धि के मजबूत करे में आईपीआर के बड़ भूमिका, हमनी के धेयान विकास करे पs बा।
  7. भारत ‘अकेला देस’ हs, जवन दोसर देस के कबो एक इंच जमीन ना हड़पल- राजनाथ सिंह
  8. LIC IPO आवे के रास्ता भइल आउर साफ। विदेसी निवेशक लगा सकी लो पईसा। मोदी कैबिनेट एकरा के क्लियर कइलस। आईपीओ देस के सबसे बड़ ऑफर होई।
  9. दिल्ली के लोगन के बड़ राहत, सोमार से निजी गाड़ी में मास्क पहिनल जरूरी नइखे।
  10. तेलांगना- ट्रेनर विमान भइल दुर्घटना के शिकार, महिला ट्रेनी पाइलट के निधन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.