यूक्यूरेन रूस युद्ध : जानीं कइसे यूक्रेन के वुमन वॉरियर्स फेल कइलस रूस के प्लानिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 1, 2022

रूस अउर यूक्रेन में लड़ाई चलsता। रूस के हमला के यूक्रेन के सेना अउर उहाँ के नागरिक डट के मोकाबिला कs रहल बानें। विदेसी नागरिकन एह युद्ध में यूक्रेन खातिर लड़े उहवाँ पहुंचे लागल बा।

Share

रूस अउर यूक्रेन में लड़ाई चलsता। रूस के हमला के यूक्रेन के सेना अउर उहाँ के नागरिक डट के मोकाबिला कs रहल बानें। विदेसी नागरिकन एह युद्ध में यूक्रेन खातिर लड़े उहवाँ पहुंचे लागल बा। युद्ध लमहर खिंचात जा रहल बा। ई रूस के अनुमान के बिलकुल उलट बा। ज्यादा बड़हन सेना, ताकत अउर संसाधन में कहीं आगे रहियोके रूस के नगदे प्रतिरोध के सामना करेके पड़ रहल बा। एकरे पीछे बरिस से चल आ रहल यूक्रेन के तैयारी बा।

यूक्रेन के रूसी हमला के अंदेशा पहिलहीं से रहल। एहीलिए पिछला कुछ महीना में हजारन मेहरारून के सेना में सामिल कइल जा चुकल बा। रेगुलर सेना से अलगे देस खातिर लड़ रहल ई मेहरारु सब युद्ध के रुखवे बदल देहले बानें सब। रूस यूक्रेन पs एक से दू दिन में कब्जा कइले की मंसा रखत रहल। लेकिन जुद्ध के छौ दिन बादो रूस के हाथ कुछ खास नाइ आइल। दूसरका ओर ओके एह जुद्ध में नगदे नुकसानो सहेके पड़ रहल बा। रूस के अपना एह अभियान पs सवा लाख करोड़ रुपया रोज खरच करे के पड़ रहल बा।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.