दिल्ली में सरकार बदलते अकबर-बाबर रोड के नाव पs संग्राम! युवक कुल बोर्ड पs पोतले कालिख, नाव बदले के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2025

दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी भारी बहुमत से सत्ता में आइल बिया. रेखा गुप्ता नयका मुख्यमंत्री के शपथ लेले बाड़ी अवुरी पूरा मंत्रिमंडल सरकार के नीति के लागू करे के प्रयास में व्यस्त बिया। एही

Share

दिल्ली में सरकार बदलते अकबर-बाबर रोड के नाव पs संग्राम

दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी भारी बहुमत से सत्ता में आइल बिया. रेखा गुप्ता नयका मुख्यमंत्री के शपथ लेले बाड़ी अवुरी पूरा मंत्रिमंडल सरकार के नीति के लागू करे के प्रयास में व्यस्त बिया। एही बीच अकबर-बाबर अवुरी हुमायूं के नाम पs बनल सड़क पs राजधानी में एक बेर फेर से बवाल हो गईल बा। आज सबेरे 3 लईका दिल्ली के अकबर-बाबर रोड पहुंचले। ई तीनों अकबर, बाबर आ हुमायूँ रोड लिखल बोर्डन के करिया कs दिहलस आ नारा लगवले. इs लईका जल्दी से जल्दी एs सड़क के नाम बदले के मांग कईले बाड़े।

छत्रपति शिवाजी महाराज के पोस्टर

बोर्ड के करिया कईला के बाद इs प्रदर्शनकारी छत्रपति शिवाजी महाराज के पोस्टर चिपका देले अवुरी पोस्टर पs दूध के अभिषेक भी कईले। तीनों विरोध करे वाला लईका कहले कि मुगल शासक हमनी के बेइज्जती बाड़े। उs छत्रपति शिवाजी महाराज के संगे बहुत गलत कईले। उs कहले कि देश के सड़क अवुरी धरोहर के नाव आक्रमणकारी के नाव पs ना राखल जाए।

एनडीएमसी के कर्मचारी अकबर रोड के बोर्ड पs लगल कालिख के साफ कs देले बाड़े अवुरी युवक के ओर से चिपकल पोस्टर के भी हटा देले बाड़े। युवक छात्रपति शिवाजी महाराज के पोस्टर चिपका के एs सड़क के नाव छत्रपति शिवाजी महाराज राखे के मांग कईले बाड़े।

युवा कहले कि जल्द से जल्द एs सड़क के नाव आधिकारिक तौर पs बदले के चाही। युवक इहो बतवले कि उs लोग अपना पूर्वज के सम्मान देवे खातीर अयीसन कदम उठावत बाड़े।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.