Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी फिल्मन में काम कर चुकल बाड़े राउर चहेता बॉलीवुड सुपरस्टार, लिस्ट में देखीं चउकावे वाला नाम

1,390

Bhojpuri cinema: भोजपुरी सिनेमा आजकल तेजी से पॉपुलर हो रहलऽ बा ।देशभर में भोजपुरी सिनेमा के खूबे पसंद कइलऽ जा रहल बा। इहे कारण बा कि बॉलीवुड के कय गो सुपरस्टार्स इ फिल्मन में काम करs चुकल बाड़े ।

आजकल कय गो हीरो हीरोइन दूसर भाषा के फिलिम में काम कर रहलऽ बाड़े । बॉलीवुड सितारा हॉलीवुड से लेके टॉलीवुड में एक्टिंग करतs नजर आ रहलऽ बाड़े । कई गो सुपरस्टार्स तs भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकलऽ बाड़े । एह लिस्ट में अमिताभ बच्चन से लेके अजय देवगन के नाम शामिल बा। एकरे अलावा दोसर अउरी अइसन एक्टर-एक्ट्रेस बाड़े, के भोजपुरी फिल्म में आपन एक्टिंग के दम पs एंटरटेनमेंट के तड़का लगा चुकल बाड़े ।

के – के बा भोजपुरी में काम करे वाला बॉलीवुड स्टार्स, चलि रउवा के बतावत बानी ।

अमिताभ बच्चन

सुपरस्टार अमिताभ बच्चन साल 2006 में भोजपुरी फिल्म में काम कइले रहन । तब उनका के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा’ में देखलऽ गइलऽ रहे । एह फिल्म के बिग बी के मेकअप आर्टिस्ट दीपक सावंत निर्माता रहले , जीनके वजह से अमिताभ जी ने एहमें काम कइले रहन । बता दें कि उऽ एहमें काम करे खातिर फिसो ना लेले रहन । एकरे अलावा उऽ भोजपुरी फिल्म ‘गंगोत्री’ में काम करऽ चुकल बाड़न।

हेमा मालिनी

एह लिस्ट में दोसरा नाम ड्रीम गर्ल हेमा मालिनी के बा । जाँ के हैरानी होई कि उऽ भोजपुरी फिल्म में अमिताभ बच्चन के संगे काम कइले बाड़ी । दुनो फिल्म ‘गंगा’ में काम कइले रहे लोग । एह फिल्म में एक्ट्रेस नगमो रहली

धर्मेंद्र

बॉलीवुड के हिट मैन धर्मेंद्र भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकलऽ बाड़े । उऽ फिल्म ‘देश परदेश’ के अलावा ‘दुश्मन का खून पानी है’, ‘इंसाफ की देवी’ आ ‘दरियादिल’ में काम कइले बाड़े।

भाग्यश्री

मैंने प्यार किया’ फेम एक्ट्रेस भाग्यश्री के करियर बॉलीवुड में तऽ ज्यादा लंबा नइखे रहलऽ बाकी उनकर क्रेज फैंस पs जमके बोलेला । भाग्यश्री भोजपुरी फिल्मों में काम कर चुकलऽ बाड़ी । उऽ फिल्म ‘जन्म जन्म के साथ’ आ ‘देवा’ में देखलऽ गइलऽ बा।

मिथुन चक्रवर्ती

डिस्को डांसर एक्टर मिथुन चक्रवर्ती भोजपुरी फिल्मों में नजर आ चुकलऽ बाड़े । इहवों उनकर फिल्में सुपरहिट रहलऽबिया ।उs भोजपुरी फिल्म ‘सौतेले भाई’, ‘हम ही बनी मुखिया’आ ‘भोले शंकर’ में काम कइले बाड़े

शत्रुघ्न सिन्हा

शॉटगन शत्रुघ्न सिन्हा बॉलीवुड के अलावा भोजपुरी सिनेमा में आपन दमखम देखा चुकलऽ बाड़े । इहवां उनकर एक्टिंग धमाल मचावले रहे । उऽ टीनू वर्मा के भोजपुरी फिल्म ‘राजा ठाकुर’ से भोजपुरी इंडस्ट्री में एंट्री लेले रहन ।

अजय देवगन

भोजपुरी फिल्मों में काम करने वाला बॉलीवुड स्टार्स के लिस्ट में सिंघम अजय देवगनो के नाव बा । उऽ 2006 में रिलीज भोजपुरी फिल्म ‘धरती कहे पुकार के’ में काम कइले बाड़े । उनका यहवा जमके प्यार मिललऽ रहे।

749300cookie-checkभोजपुरी फिल्मन में काम कर चुकल बाड़े राउर चहेता बॉलीवुड सुपरस्टार, लिस्ट में देखीं चउकावे वाला नाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.