खाना में थूक मिलावे वाला पs योगी सरकार भइल सख्त, प्रदेश में ला सकेला अध्यादेश

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

  उत्तर प्रदेश के योगी सरकार खाना में थूक मिलावे भा थूक मिला के खाना परोसे के बढ़त घटना के लेके सख्त हो गईल बिया। अइसना में अब योगी सरकार ओकरा खिलाफ नया कानून ले

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ: फोटो

 

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार खाना में थूक मिलावे भा थूक मिला के खाना परोसे के बढ़त घटना के लेके सख्त हो गईल बिया। अइसना में अब योगी सरकार ओकरा खिलाफ नया कानून ले आ सकेले. एकरा खातिर सीएम योगी आजु लखनऊ में वरिष्ठ अधिकारियन से भी बइठक करीहें. बतावल जाव कि आजुकाल्हु राज्य में खाना में थूक मिलावे के बहुते शिकायत सामने आइल बा जवना के बाद योगी सरकार ओकरा पs दबाव बनावे के कोशिश करत बिया

बैठक लखनऊ में होई

एह मुद्दा के लेके आजु योगी आदित्यनाथ एगो बड़हन बइठक करे जा रहल बाड़न. ई बइठक लखनऊ में होखी, एह बइठक में बहुते अधिकारी आ मंत्री शामिल हो सकेलें. जानकारी के मुताबिक एs बैठक में दु अध्यादेश पs चर्चा हो सकता। सभका से सलाह लिहला के बाद योगी सरकार ई दुनु अध्यादेश ले आ सकेले.

दू गो अध्यादेश पारित हो सकेला

एह संबंध में सीएम योगी आदित्यनाथ आजु यानी मंगल के दिने एह अध्यादेश का संबंध में अधिकारियन से बइठक करीहें. कहल जा रहल बा कि बैठक के बाद योगी सरकार ‘छद्म अवुरी सुधार विरोधी गतिविधि के रोकथाम अवुरी थूक निषेध अध्यादेश 2024’ अवुरी ‘यूपी प्रिवेंशन ऑफ़ कॉन्टेमिनेशन इन फूड (कंज्यूमर राइट टू नो) अध्यादेश 2024’ ले आ सकता। बतावल जाव कि अध्यादेश लागू भइला के बाद विधान सभा में पेश कइल जा सकेला आ 6 महीना के भीतर कानून बनावल जा सकेला.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.