ई-लाइब्रेरी पोर्टल के जरिए किताबन के छात्रन तक पहुंच के आसान बनाई योगी सरकार

Share

मुख्यमंत्री कार्यालय कावर से जारी बयान के अनुसार शिक्षा विभाग के 100 दिनन के कार्य योजना के मुताबिक ई-लाइब्रेरी पोर्टल के मदद से किताबन तक छात्रन के पहुंच आसान होई। छात्र कहियो पढ़ाई कs सके। 

यूपी में योगी सरकार शिक्षा व्यवस्था के सुदृढ बनावे के क्रम में छात्रन तक अध्ययन सामग्री के आसानी से उपलब्ध करावे ला ई-लाइब्रेरी पोर्टल शुरू कs रहल बा। मुख्यमंत्री कार्यालय कावर से बियफे के जारी बयान के अनुसार शिक्षा विभाग के 100 दिन के कार्ययोजना के मुताबिक ई-लाइब्रेरी पोर्टल के मदद से किताबन तक छात्रन के पहुंच आसान होई आ छात्र कहियो आपन पढ़ाई कs सकी । ई-लाइब्रेरी पोर्टल पs सम सामायिक आ सन्दर्भ सामग्री उपलब्ध रही। एकरा माध्यम से सतत अध्ययन सुविधा मिले के कारण लगभग 30 लाख विद्यार्थी लाभान्वित होई लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-